कॉमेडियन श्याम रंगीला के नामांकन भइल खारिज, वाराणसी से निर्दलीय दाखिल कइले रहले पर्चा

By Anurag Ranjan

Published on: May 15, 2024

वाराणसी लोकसभा सीट से निर्दलीय उम्मीदवार कॉमेडियन श्याम रंगीला के मंगर के नामांकन खारिज हो गइल। एह सीट पs प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी समेत 40 उम्मीदवार लो सियासी ताल ठोंकले बा। श्याम रंगीला पिछला तीन दिन

Share

वाराणसी लोकसभा सीट से निर्दलीय उम्मीदवार कॉमेडियन श्याम रंगीला के मंगर के नामांकन खारिज हो गइल। एह सीट पs प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी समेत 40 उम्मीदवार लो सियासी ताल ठोंकले बा। श्याम रंगीला पिछला तीन दिन से नामांकन ना भरे देवे के आरोप लगावत रहले। मंगर के भोरही उऽ आपन पर्चा दाखिल कइले रहले। जवन सांझ होखते खारिज हो गइल।

रउआ जानकारी खातिर बता दी कि रंगीला मंगर के भोरे अपना समर्थकन के साथे वाराणसी इस्थित जिलाधिकारी कार्यालय पहुंचल रहले, पर्चा भरे के बाद बड़ी उत्साहितो नजर आवत रहले। उऽ अपना अंदाज में कहले रहले कि गंगा मइया हमरो के गोद ले लेले बाड़ी। हम जनता के सहयोग आ अपना पूरा ताकत से चुनाव लड़ब। आयोग द्वारा पर्चा खारिज होखला के बाद ई देखल दिलचस्प होई कि कॉमेडियन के अगिला कदम का होई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.