CM Yogi Gorakhpur Visit: गोरखपुर आ रहल बाड़न सीएम योगी, ब्लड बैंक आ डायलिसिस यूनिट के करिहें लोकार्पण

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 2, 2024

CM Yogi Gorakhpur Visit मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ गोरखपुर आ रहल बाड़न।सीएम योगी के ई दौरा काफी खास बा। सीएम योगी अखिल भारतीय आयुर्विज्ञान संस्थान (एम्स) में ब्लड आ आउर 10 बेड के डायलिसिस यूनिट के

Share

CM Yogi Gorakhpur Visit मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ गोरखपुर आ रहल बाड़न।सीएम योगी के ई दौरा काफी खास बा। सीएम योगी अखिल भारतीय आयुर्विज्ञान संस्थान (एम्स) में ब्लड आ आउर 10 बेड के डायलिसिस यूनिट के लोकार्पण करिहें। उऽ लोकार्पण के बाद छात्र डॉक्टर आ कर्मचारियन के संबोधित करिहें । सीएम योगी के दौरा खातिर सारा तइयारी पूरा कर लिहल गइल बा। इहाँ केंद्र सरकार के स्वास्थ्य योजना आ आयुष्मान भारत योजना के लाभार्थियन के डायलिसिस पूरा तरह निशुल्क होई। अन्य रोगियन के काफी कम दाम पऽ सुविधा मिली।

एम्स प्रशासन एक हप्ता के भीतर दुनु यूनिट के पूरा तरह शुरू करा दी। शाम चार बजे मुख्यमंत्री एम्स के ऑडिटोरियम में चहुँपहें। उनका साथे सदर सांसद रवि किशनो मौजूद रहींहें।

एम्स गोरखपुर के लगे होई बड़ उपलब्धि

मुख्यमंत्री के कार्यक्रम के लेके सुक के एम्स गोरखपुर के चेयरमैन देश दीपक वर्मा आ कार्यकारी निदेशक (ईडी) आ मुख्य कार्यपालक अधिकारी (सीईओ) प्रो. गोपाल कृष्ण पाल बइठक कइले। उऽ कहले कि मुख्यमंत्री के हाथन से दुनु यूनिट के शुभारंभ होखला के साथहीं एम्स गोरखपुर के लगे बड़ उपलब्धि हो जाई। बहुत दिन से ए दिशा में प्रयास चलत रहें।

ब्लड बैंक से खत्म होई समस्या

ईडी कहलस कि प्राइवेट पब्लिक पार्टनरशिप के तहत नेफ्रोप्लस से डायलिसिस यूनिट संचालित करे खातिर के करार भइल बा। यूनिट दिन-रात संचालित होई। ब्लड बैंक से एम्स के साथही अन्य रोगियनो के ब्लड दिहल जाई। एकरा खातिर दामो तय कऽ लिहल गइल बा।

लोकार्पण, शिलान्यास आ टेबलेट बटिहें सीएम

एकरा पहिले दिन में तीन बजे से महंत दिग्विजयनाथ पार्क में आयोजित कार्यक्रम में मुख्यमंत्री एक हजार करोड़ रूपिया से अधिक के योजना के लोकार्पण आ शिलान्यास करिहें। ओहिजा, ऐतवार के मुख्यमंत्री राजकीय जुबिली इंटर कॉलेज में विद्यार्थियन के स्मार्टफोन आ टेबलेट बटीहें। कुछ विद्यालयन में स्मार्ट क्लास के लोकार्पण आ शिलान्यासो करिहें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.