Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

22 जनवरी के यूपी के सभ स्कूल-कॉलेजन में छुट्टी, शराब के दुकान बंद: राम मंदिर प्राण-प्रतिष्ठा के लेके CM योगी के आदेश, अयोध्या में ‘कुम्भ मॉडल’

1,404

 

उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ 22 जनवरी 2024 के राज्य में छुट्टी घोषित कs देले बाड़े। ओह दिन सगरी शैक्षणिक संस्थान बंद रही। संगही उत्तर प्रदेश के सभ शराब के दोकान भी बंद रही। ओह दिन राम लला के अभिषेक निर्माणाधीन राम मंदिर के अभयारण्य में होखे वाला बा जवना में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ संघ के सरसंघचालक मोहन भागवत भी भाग लीहें। देश भर के हजारन नेता, संत आ कलाकारन के नेवता पत्र भेजल गइल बा।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सभ स्कूल कॉलेज में 22 जनवरी 2024 के छुट्टी घोषित करे के आदेश देले बाड़े। उs मंगल (9 जनवरी 2024) के इs आदेश देले। साथ ही ओह दिन के ‘ड्राई डे’ घोषित कs दिहल गइल बा, मतलब कि ओह दिन शराब के बिक्री ना होखी। ए मामिला में आदेश पहिलही जारी हो चुकल बा। यूपी में ही ना, छत्तीसगढ़ में भी ओ दिन शराब के दोकान ना खुली अवुरी एकर खरीद-बिक्री बंद रही।

अयोध्या में ओह दिन दुपहरिया में प्राण-प्रतिष्ठा के समय तय हो गइल बा। 10 हजार वीआईपी मेहमानन के एहमें शामिल होखे के उमेद बा। सुरक्षा के लेके भी सरकार पूरा तरह से तैयार बिया। एह दौरान देश भर के अलग-अलग मंदिर में पूजा के आयोजन होखे के बा। अयोध्या में महर्षि वाल्मीकि के नाम पs एगो अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा भी खुलल बा। सीएम योगी खुद अयोध्या में तइयारी के निगरानी करत बाड़न आ ऊ हालही में जायजा लेबे चहुँपल रहले।

योगी सरकार के योजना बा कि राम मंदिर अभिषेक समारोह के ‘राष्ट्रीय उत्सव’ के रूप में मनावल जाई। अयोध्या में ‘कुंभ मॉडल’ लागू करे के आदेश देत घरी कहल गइल बा कि मेहमानन के स्वागत करे के इंतजाम कइल जाव, सजावट आ आतिशबाजी, सगरी सरकारी भवनन के शोभा बढ़ावल जाव। मेहमानन के आराम के जगह पहिले से तय हो जाई। प्रशासन लखनऊ के होटल से खाली कमरा के सूची भी मंगले बा। 116 कमरा वाला सेन्ट्रिम होटल में सफाई के काम चल रहल बा।

 

 

 

710180cookie-check22 जनवरी के यूपी के सभ स्कूल-कॉलेजन में छुट्टी, शराब के दुकान बंद: राम मंदिर प्राण-प्रतिष्ठा के लेके CM योगी के आदेश, अयोध्या में ‘कुम्भ मॉडल’

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.