दिल्ली में सीएम आवास भइल सील: मुख्यमंत्री आतिशी के सामान बाहर निकलल

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 9, 2024

दिल्ली में मुख्यमंत्री के आवास के लेके एगो नाया विवाद सोझा आइल बा। आम आदमी पार्टी के राष्ट्रीय संयोजक आ पूर्व मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के आवास के खाली करे आ हैंडओवर के लेके विवाद भइल

Share

दिल्ली में मुख्यमंत्री के आवास के लेके एगो नाया विवाद सोझा आइल बा। आम आदमी पार्टी के राष्ट्रीय संयोजक आ पूर्व मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के आवास के खाली करे आ हैंडओवर के लेके विवाद भइल बा। कार्रवाई करत पीडब्ल्यूडी दिल्ली में मुख्यमंत्री के आवास के सील कऽ देले बिया। आवास के बहरी डबल लॉक लगा दिहल गइल बा।

मुख्यमंत्री आवास पऽ सील लगावे पऽ सीएमओ के ओर से बयान आइल बा। सीएमओ के ओर से जानकारी दिहल गइल बा कि देश के इतिहास में पहिला बेर मुख्यमंत्री के आवास खाली हो गइल बा।

मुख्यमंत्री आवास पऽ सील लगावे पऽ सीएमओ के ओर से बयान आइल बा। सीएमओ के ओर से जानकारी दिहल गइल बा कि देश के इतिहास में पहिला बेर मुख्यमंत्री के आवास खाली हो गइल बा।

सुनीता केजरीवाल अफसर के घर के चाभी सौंप दिहली

4 अक्टूबर के पूर्व मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल शुक के आपन पुरान आवास छोड़ के लुटिएंस जोन में इस्थित अपना नयका पता प चल गइल रहले। परिवार के संगे केजरीवाल मंडी हाउस के नजदीक 5, फिरोजशाह रोड इस्थित पार्टी के सदस्य अशोक मित्तल के आधिकारिक आवास पऽ बाड़े।

एकरा से पहिले केजरीवाल परिवार के उनका पुरनका घर के कर्मचारियन द्वारा भावभीनी विदाई दिहल गइल, पूर्व सीएम भावपूर्ण तरीका से उनका के गला लगवलें। उनकर पत्नी सुनीता केजरीवाल आवास के चाबियन के एगो अधिकारी के सौंपली।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.