BREAKING News: सीएम नीतीश कुमार के तबीयत बिगड़ल, सभ सरकारी आ गैर सरकारी कार्यक्रम रद्द

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 20, 2024

आजु मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के स्वास्थ्य बिगड़ गइल बा. आज शुक (20 दिसंबर) के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार भी राजगीर में एगो कार्यक्रम में शामिल होखे जात रहले। आजु पटना में उनुकर मुख्य अतिथि के रूप

Share

सीएम नीतीश कुमार के तबीयत बिगड़ल

आजु मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के स्वास्थ्य बिगड़ गइल बा. आज शुक (20 दिसंबर) के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार भी राजगीर में एगो कार्यक्रम में शामिल होखे जात रहले। आजु पटना में उनुकर मुख्य अतिथि के रूप में बिजनेस कनेक्ट में भी आवे के रहे, बाकिर मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के स्वास्थ्य में अचानक बिगड़ले के चलते सभ कार्यक्रम रद्द कs दिहल गईल बा।

बियफ़ें के ही स्वास्थ्य बिगड़ल रहे

अस्वस्थता के चलते मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आज कवनो सरकारी चाहे गैर सरकारी समारोह चाहे बैठक में ना आईहे। खबर बा कि सीएम नीतीश कुमार के बदलत मौसम के चलते स्वास्थ्य समस्या के सामना करे के पड़ता। बियफ़ें के राज्य मंत्रिमंडल के बैठक में उs अपना मंत्रियन से कहले रहले कि उनुकर तबीयत ठीक नईखे।

एकरा बाद मुख्यमंत्री सबेरे ले इंतजार कईले अवुरी सोचले कि उनुकर स्वास्थ्य ठीक होई, बाकिर उनुकर स्वास्थ्य भोर में भी सुधार ना भईल, एहसे अचानक मुख्यमंत्री के आज जवन कार्यक्रम में शामिल होखे के रहे, उs सभ कार्यक्रम रद्द हो गईल.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.