Goarkhpur News : डीएवी पीजी कॉलेज में सांस्कृतिक समारोह ‘अनुनाद’ के भव्य समापन, डीडीयू के कुलपति बोलली- सुसंस्कृत व्यक्तित्व से होला राष्ट्र के निर्माण

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 27, 2026

गोरखपुर। डीएवी पीजी कॉलेज में वार्षिक सांस्कृतिक समारोह ‘अनुनाद’ के भव्य समापन सुक के दिने महाविद्यालय परिसर में धूमधाम से भइल। कार्यक्रम के सुरुआत अतिथियन द्वारा मां सरस्वती के चित्र पs पुष्प अर्पित कs के

Share

गोरखपुर। डीएवी पीजी कॉलेज में वार्षिक सांस्कृतिक समारोह ‘अनुनाद’ के भव्य समापन सुक के दिने महाविद्यालय परिसर में धूमधाम से भइल। कार्यक्रम के सुरुआत अतिथियन द्वारा मां सरस्वती के चित्र पs पुष्प अर्पित कs के आ दीप प्रज्वलन से कइल गइल।

एह समारोह के मुख्य अतिथि प्रो. पूनम टंडन, कुलपति दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय रहली। कॉलेज के प्राचार्य प्रो. शैल पांडे अंगवस्त्र, पुष्पगुच्छ आ स्मृति चिन्ह देके उनका के सम्मानित कइली।

आपन संबोधन में कुलपति कहली कि पढ़ाई-लिखाई के संगे-संगे खेलकूद आ सांस्कृतिक कार्यक्रम में हिस्सा लेला से विद्यार्थियन के व्यक्तित्व के समग्र विकास होला। एकरा से छात्र-छात्रा विश्वविद्यालय आ राष्ट्रीय स्तर पs आपन प्रतिभा देखावे में सक्षम होखेला। ऊ कॉलेज के शैक्षिक माहौल आ विद्यार्थियन के प्रस्तुति के सराहना कइली।

विशिष्ट अतिथि प्रो. अनिल कुमार सिंह आ प्रो. एस एन तिवारी विद्यार्थियन के अनुशासन के तारीफ कइल लोग आ सोशल मीडिया के सोच-समझ के उपयोग करे के सलाह दिहल।

प्राचार्य प्रो. शैल पांडे कहली कि कुलपति के गरिमामय उपस्थिति से महाविद्यालय परिवार गौरवान्वित भइल बा। ऊ कॉलेज के शैक्षिक आ सांस्कृतिक गतिविधियन के विस्तृत जानकारी देत विद्यार्थियन के उज्ज्वल भविष्य खातिर सुभकामना दिहली।

एह अवसर पs कुलपति के ओर से अलग-अलग प्रतियोगितन में विजयी प्रतिभागियन के ट्रॉफी आ प्रमाण पत्र देके सम्मानित कइल गइल। धन्यवाद ज्ञापन डॉ. संजय कुमार पांडेय कइलें जबकि कार्यक्रम के संचालन डॉ. संजय कुमार मिश्र कइलें। कार्यक्रम में महाविद्यालय परिवार आ भारी संख्या में छात्र-छात्रा उपस्थित रहल लोग।

Read Also: US Iran Talks : युद्ध के बढ़त आशंका के बीच अमेरिका-ईरान आज करी वार्ता, ईरानी बिदेस मंत्री के बयान से मचल हलचल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.