दिल्ली में यमुना के सफाई सुरू, कचरा हटावे खातीर नदी में उतरल मशीन, जानीं आगे के प्लान

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 17, 2025

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी दिल्ली विधानसभा चुनाव के दौरान यमुना नदी के साफ करे के वादा कईले रहले। भाजपा के जीत के बाद सरकार बने से पहिले ही एकरा पs काम शुरू हो गईल बा। अतवार

Share

दिल्ली में यमुना के सफाई सुरू

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी दिल्ली विधानसभा चुनाव के दौरान यमुना नदी के साफ करे के वादा कईले रहले। भाजपा के जीत के बाद सरकार बने से पहिले ही एकरा पs काम शुरू हो गईल बा। अतवार के दिने राजधानी दिल्ली में यमुना नदी के साफ करे में ट्रैश स्कीमर, वीड हार्वेस्टर आ ड्रेज यूटिलिटी क्राफ्ट जइसन आधुनिक मशीन के इस्तेमाल कइल गइल. 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: योग से लगाई गुस्सा पs लगाम, शरीर के भी मिली भरपूर आराम!

का-का हो रहल बा

दिल्ली के उपराज्यपाल वी.के. सक्सेना शनिचर के मुख्य सचिव अवुरी अपर मुख्य सचिव (सिंचाई अवुरी बाढ़ नियंत्रण) से भेंट कs तुरंत काम शुरू करे के कहले। यमुना नदी के सफाई से जुड़ल वीडियो जारी करत उपराज्यपाल कार्यालय कहलस कि यमुना नदी के सफाई के काम शुरू हो गईल बा। कचरा उठावे, खरपतवार आ अउरी गंदगी हटावे खातिर स्किमर आ ड्रेज यूटिलिटी क्राफ्ट जइसन मशीन के इस्तेमाल से यमुना के सफाई कइल जा रहल बा.

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

अगिला योजना का बा?

यमुना नदी के सफाई खातिर चार सूत्री रणनीति बनावल गईल बा। सबसे पहिले यमुना के पानी में जमल कूड़ा,कचरा अवुरी गाद के हटा दिहल जाई। एकरा बाद नजफगढ़ के नाला, सप्लीमेंट्री नाला अवुरी बाकी सभ बड़ नाली के सफाई के काम भी शुरू हो जाई। तीसरा रणनीति में मौजूदा सीवेज ट्रीटमेंट प्लांट (एसटीपी) के क्षमता अवुरी उत्पादन पs रोज निगरानी कईल जाई। एकरा संगे चउथा रणनीति के तहत नाया एसटीपी अवुरी डीएसटीपी के निर्माण खातीर समय के योजना तैयार कईल गईल बा, ताकि लगभग 400 एमजीडी गंदा पानी के वास्तविक कमी के पूरा कईल जा सके.

एह महत्वाकांक्षी योजना में दिल्ली जल बोर्ड, सिंचाई आ बाढ़ नियंत्रण, दिल्ली नगर निगम, पर्यावरण विभाग, पीडब्ल्यूडी आ डीडीए मिलजुल के काम करीहें. एह लोग के काम पs हर हफ्ता उच्च स्तर पs नजर राखल जाई दिल्ली प्रदूषण नियंत्रण समिति के निर्देश दिहल गइल बा कि शहर के औद्योगिक इकाई गंदा पानी नाली में ना छोड़े. ई कदम यमुना नदी के पुनरुद्धार के प्रयास के हिस्सा के रूप में उठावल गइल बा, ताकि नदी के पानी के गुणवत्ता में सुधार हो सके आ प्रदूषण पs नियंत्रण हो सके।

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ जानीं ‘महजबीन बानो’ से ‘मीना कुमारी’ आ फेर ‘ट्रेजेडी क्वीन’ बनले के सफर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.