BSNL Freedom Offer : 150 रुपिया में मिली JioHotstar, Zee5 आ SonyLIV के सब्सक्रिप्शन, जानीं पूरा ऑफर

BSNL Freedom Offer

Share

टेक डेस्क। सरकारी टेलीकॉम कंपनी बीएसएनएल आपन नया फ्रीडम ऑफर लॉन्च कइले बा, जवना में यूजर के कम कीमत में कइयन गो लोकप्रिय ओटीटी प्लेटफॉर्म के सब्सक्रिप्शन मिल रहल बा। एह ऑफर के तहत मात्र 150 रुपिया में JioHotstar, Zee5 आ SonyLIV के सब्सक्रिप्शन दिहल जा रहल बा।

बीएसएनएल के ई खास ऑफर स्वतंत्रता दिवस के मवका पs पेश कइल गइल बा। कंपनी के मोताबिक, ई ऑफर 23 जुलाई से अगिला 30 दिन तक वैलिड रही। एह दौरान बीएसएनएल ब्रॉडबैंड आ FTTH यूजर कम कीमत में प्रीमियम मनोरंजन सेवा के फायदा उठा सकत बाड़ें।

199 रुपिया वाला ओटीटी पैक अब 150 रुपिया में

बीएसएनएल के फ्रीडम पैक के असली कीमत 199 रुपिया बा, बाकिर ऑफर के तहत यूजर एकरा के 49 रुपिया सस्ता माने 150 रुपिया में ले सकत बाड़ें। एह पैक में 30 दिन खातिर तीन गो लोकप्रिय ओटीटी ऐप के एक्सेस मिली।

एह ऑफर के फायदा नया आ पुरान दुनो तरे के बीएसएनएल WiFi यूजर उठा सकत बा लो। जदि केहू नया बीएसएनएल WiFi कनेक्शन लेत बा, तs उहो एह सुविधा के इस्तेमाल कs सकेला। ऑफर में अपग्रेड करे खातिर यूजर बीएसएनएल के आधिकारिक व्हाट्सऐप नंबर से संपर्क कs सकेलें।

बीएसएनएल के 51 रुपिया वाला प्लान चरचा में

बीएसएनएल पिछिला कुछ समय में कइयन गो सस्ता प्लान पेश कइले बा। कंपनी के 51 रुपिया वाला प्लान खास तौर पs नया यूजर खातिर ले आवल गइल बा। एह प्लान में डेली 2GB हाई स्पीड डेटा, 100 SMS, अनलिमिटेड वॉइस कॉलिंग आ फ्री नेशनल रोमिंग के सुविधा मिलेला।

एकरा पहिले बीएसएनएल स्वतंत्रता दिवस मवका पs 1 रुपिया वाला ऑफर पेश कइले रहे, जवना में नया यूजर के सस्ता दर पs सिम आ कइयन गो सुविधा दिहल गइल रहे।

जिओ लांच कइले बा फ्रीडम ऑफर

बीएसएनएल के अलावा रिलायंस जियो आपन WiFi यूजर खातिर फ्रीडम ऑफर लेके आइल बा। जियो के ऑफर JioFiber आ JioAirFiber यूजर खातिर उपलब्ध बा, जवना में लमहर वैलिडिटी वाला सब्सक्रिप्शन पs छूट दिहल जा रहल बा।

बीएसएनएल के नया ओटीटी ऑफर ओह यूजर खातिर फायदेमंद हो सकेला, जवन कम कीमत में मनोरंजन आ इंटरनेट सुविधा दुनो के फायदा उठावे के चाहत बाड़ें।

Read Also: Bihar AK-47 Firing Case : छात्र प्रदर्शन में गोली चलावे वाला पुलिसकर्मी सस्पेंड, विभागीय जांच सुरू

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-