CISCE बोर्ड कक्षा 10वीं आ 12वीं के नतीजा जारी, डायरेक्ट लिंक से करीं चेक

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 30, 2025

सीआईएससीई बोर्ड कक्षा दसवीं आ बारहवीं के रिजल्ट जारी हो गइल बा. विद्यार्थियन के इंतजार खतम हो गइल बा. विद्यार्थी आधिकारिक वेबसाइट cisce.org पs जा के आपन रिजल्ट देख सकेलें. रिजल्ट के जांच करे खातिर

Share

CISCE बोर्ड

सीआईएससीई बोर्ड कक्षा दसवीं आ बारहवीं के रिजल्ट जारी हो गइल बा. विद्यार्थियन के इंतजार खतम हो गइल बा. विद्यार्थी आधिकारिक वेबसाइट cisce.org पs जा के आपन रिजल्ट देख सकेलें. रिजल्ट के जांच करे खातिर विद्यार्थियन के आपन यूनिक आईडी (यूआईडी) आ इंडेक्स नंबर के इस्तेमाल करे के पड़ी. छात्र नीचे दिहल चरण के माध्यम से आपन रिजल्ट देख सकेले। 

कइसे जांच कइल जाला 

सबसे पहिले विद्यार्थियन के आधिकारिक वेबसाइट पs जाए के पड़ी. 

एकरा बाद विद्यार्थियन के होम पेज पs दसवीं आ बारहवीं कक्षा के रिजल्ट से जुड़ल लिंक पs क्लिक करे के पड़ी. 

एकरा बाद विद्यार्थियन के जरुरी विवरण भरे के पड़ी. 

अयीसन कईला से नतीजा आपके देखाई दिही। 

एकरा बाद विद्यार्थियन के आपन रिजल्ट चेक कs के डाउनलोड करे के चाहीं. 

अंत में विद्यार्थियन के आपन रिजल्ट के प्रिंटआउट लेबे के चाहीं.

अगर रउरा रिजल्ट चेक करे में कवनो समस्या के सामना करे के पड़ेला तs रउरा डिजीलॉकर के माध्यम से भी आपन रिजल्ट चेक कs सकेनी। एकरा खातिर विद्यार्थियन के पहिले डिजीलॉकर वेबसाइट भा ऐप पs जाए के पड़ी. डिजिलॉकर होमपेज पs सीआईएससीई सेक्शन लउकी। एकरा बाद के प्रक्रिया निम्नलिखित बा।  

ICSE (कक्षा X) खातीर
“कक्षा X परिणाम प्राप्त करीं” पs क्लिक करीं
इंडेक्स नंबर, विशिष्ट आईडी आ जन्म तिथि (प्रवेश पत्र के अनुसार) दर्ज करीं
“सबमिट” पs क्लिक करीं

ISC (कक्षा XII) खातीर
“कक्षा XII परिणाम प्राप्त करी” पs क्लिक करीं
इंडेक्स नंबर, विशिष्ट आईडी आ जन्म तिथि दर्ज करीं
“सबमिट” पs क्लिक करीं.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: नइखी कs पावत हैवी वर्कआउट, तs रोजाना करीं वॉक, सेहत के मिली चौतरफा फायदा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.