Chirag Paswan: ‘तेजस्वी में बौखलाहट लउकऽता’, हाजीपुर में गरजले चिराग; कुशवहो समाज पऽ कइले टिप्पणी

By Anurag Ranjan

Published on: May 10, 2024

Chirag Paswan: चिराग पासवान कहले कि हमनी के 2014 आ 2019 में इहे देखले रहनी। चुनाव के चरण जइसे-जइसे आगे बढ़ेला, उऽ लोग के अपना हार के एहसास होखे लागेला। उ कहले कि प्रतिक्रिया सबके

Share

Chirag Paswan: चिराग पासवान कहले कि हमनी के 2014 आ 2019 में इहे देखले रहनी। चुनाव के चरण जइसे-जइसे आगे बढ़ेला, उऽ लोग के अपना हार के एहसास होखे लागेला। उ कहले कि प्रतिक्रिया सबके मिलेला। कवना तरे के प्रचार चल रहल बा आ कवना तरे के नतीजा आवत बा? तऽ अइसन में एह तरे के आक्रामकता स्वाभाविक होला।

Chirag Paswan On Tejashwi Yadav तेजस्वी यादव के चुनाव में हार देखाई दिही तऽ स्वाभाविक बा कि उऽ आक्रामकता आ बेचैनी देखइहे। साथही तेजस्वी शब्दन के गरिमा भूला जाले। लोक जनशक्ति पार्टी (रामविलास) के राष्ट्रीय अध्यक्ष आ हाजीपुर लोकसभा से एनडीए के उम्मीदवार चिराग पासवान शुक के हाजीपुर में मीडिया से बात करत इ बात कहले।

 ‘हमनी के सोच हमेशा से समावेशी रहल बा’।

कुशवाहा समुदाय के एनडीए के खिलाफ जाए के सवाल पs चिराग पासवान कहले कि हमनी के सोच हमेशा से समावेशी रहल बा। हमनी के कबो जाति, पंथ भा धर्म के आधार पs ना राजनीति कइनी आ ना राजनीति सोच रखनी। आजो जब हमनी के बिहार फर्स्ट, बिहारी फर्स्ट के बात करेनी सन तऽ उऽ समावेशी विकास के सोच बा।

 ‘जे बिहार के विकसित बनावल चाहऽता….’

चिराग पासवान कहले कि हमनी के चाहतानी कि बिहार के 14 करोड़ लोग एकजुट होके एगो विकसित बिहार के निर्माण में आपन योगदान देवे। अइसन में विकसित बिहार बनावे के चाहत राखे वाला हर आदमी के हमनी के साथे आवे में स्वागत बा। हमनी के मिल के हमनी के नेता बाबूजी स्वर्गीय रामविलास के सपना पूरा करब।

पासवान आगे कहले कि बहुत लोग जाति, पंथ अवुरी धर्म के आधार प बंटवारा करे के कोशिश करतारे, बाकिर आज उऽ लोग के कोशिश के चलते बिहार के ई हालत भइल बा। इहे लोग बा जे गर्व से जातिवाद आ साम्प्रदायिकता के आपन आधार बना के बढ़ावा देला।

हाजीपुर के एगो निजी होटल में आयोजित एगो समारोह में लालगंज विधानसभा क्षेत्र के अवधेश सिंह सैकड़न समर्थक के संगे चिराग पासवान के पार्टी में शामिल भईले। एह दौरान पूर्व सांसद रामा सिंह आ मीडिया प्रभारी संतोष शर्मा समेत बहुत लोग मौजूद  रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.