Chirag Paswan: जमुई सीट पऽ चिराग चल देले अलग चाल! बहनोई खातिर LJPR नेता लो के देले ई निर्देश; अब का करी RJD ?

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 9, 2024

Bihar Politics चिराग पासवान ए घरी दमखम से लोकसभा चुनाव के प्रचार में जुटल बाड़े। ए बीच उनकर पार्टी लोजपा रामविलास उनकर बहनोई अरुण भारती खातिर रणनीति सेट कर देले बिया। चिराग पासवान के निर्देश

Share

Bihar Politics चिराग पासवान ए घरी दमखम से लोकसभा चुनाव के प्रचार में जुटल बाड़े। ए बीच उनकर पार्टी लोजपा रामविलास उनकर बहनोई अरुण भारती खातिर रणनीति सेट कर देले बिया। चिराग पासवान के निर्देश पऽ राष्ट्रीय प्रधान महासचिव अब्दुल खालिद जमुई में सब विधानसभा में प्रभारी के नियुक्ति कर देले। अब देखे वाला बात ई बा कि राजद ए रणनीति से कइसे पार कर पाई।

Bihar Political News 19 अप्रैल के होखे वाला मतदान के लेके जमुई लोक सभा क्षेत्र (Jamui Lok Sabha Seat) के सब छव विधानसभा क्षेत्र में चुनावी प्रचार-प्रसार आ तइयारी के गति प्रदान करे खातिर लोजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष चिराग पासवान (Chirag Paswan) के निर्देश पऽ राष्ट्रीय प्रधान महासचिव अब्दुल खालिद ने सब विधानसभा में प्रभारी के नियुक्ति कर देले बाड़े।

साथही अपना – अपना प्रभाव क्षेत्र में सब दलन के साथे समन्वय स्थापित कऽ के कार्यालय प्रबंधन, जनसंपर्क अभियान, चुनाव प्रचार, बूथ प्रबंधन, मतदान आ मतगणना तक के प्रबंध सुनिश्चित करे के निर्देश देले बाड़े।

ए नेता लो के कइल गइल नियुक्त

जमुई विधानसभा क्षेत्र खातिर प्रदेश अध्यक्ष राजू तिवारी, प्रदेश उपाध्यक्ष राकेश कुमार सिंह आ प्रदेश महासचिव चंदन सिंह के प्रभारी नियुक्त कइल गइल , जबकि झाझा विधानसभा खातिर प्रधान महासचिव संजय पासवान, राष्ट्रीय प्रवक्ता धीरेंद्र कुमार मुन्ना आ प्रदेश प्रवक्ता जितेंद्र यादव के नियुक्ति गइल गइल।

सिकंदरा विधानसभा खातिर राष्ट्रीय महासचिव शंकर झा, लेबर सेल के राष्ट्रीय अध्यक्ष राजेश पासवान, प्रदेश उपाध्यक्ष विभूति भूषण पासवान के लगावल गइल। चकाई विधानसभा खातिर राष्ट्रीय सचिव अरविंद कुमार सिंह, युवा प्रदेश अध्यक्ष वेद प्रकाश पांडे आ प्रदेश महासचिव कैप्टन नंदकुमार पासवान के लगावल गइल बा।

शेखपुरा विधानसभा खातिर संसदीय बोर्ड अध्यक्ष हुलास पांडे के काम पऽ लगावल गइल

एही तरे तारापुर विधानसभा खातिर राष्ट्रीय सचिव मिथिलेश सिंह, प्रदेश उपाध्यक्ष अमर कुशवाहा आ प्रदेश उपाध्यक्ष प्रकाश चंद्र के लगावल गइल बा , जबकि शेखपुरा विधानसभा खातिर संसदीय बोर्ड अध्यक्ष हुलास पांडे, युवा राष्ट्रीय अध्यक्ष प्रणव कुमार आ राष्ट्रीय अध्यक्ष छात्र प्रकोष्ठ यामिनी मिश्रा के नियुक्ति कइल गइल बा।

एकरा अलावा संसाधन कोषांग में युवा प्रदेश उपाध्यक्ष हर्ष चोपड़ा आ बेगूसराय जिला अध्यक्ष प्रेम पासवान को लगावल गइल बा, जबकि लोक सभा चुनाव समन्वय प्रमुख के रूप में सुरेंद्र विवेक प्रदेश चुनाव अभियान प्रमुख के दायित्व दिहल गइल बा। अब वाला बात ई बा कि राजद अपना खातिर का रणनीति सेट करत बिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.