Chhattisgarh Blast: बेमेतरा में बारूद फैक्ट्री में ब्लास्ट, हादसा में 9 लोगन के मौत; घायलन के रायपुर AIIMS में कइल गइल भर्ती

By Anurag Ranjan

Published on: May 25, 2024

Chhattisgarh Blast: छत्तीसगढ़ के बेमेतरा में एगो बारूद फैक्ट्री में ब्लास्ट होखे से इलाकन में हड़कंप मच गइल। हादसा में 9 लोगन के मरे के खबर बा। हालांकि एकर अबही आधिकारिक पुष्टि नइखे भइल। घटनास्‍थल

Share

Chhattisgarh Blast: छत्तीसगढ़ के बेमेतरा में एगो बारूद फैक्ट्री में ब्लास्ट होखे से इलाकन में हड़कंप मच गइल। हादसा में 9 लोगन के मरे के खबर बा। हालांकि एकर अबही आधिकारिक पुष्टि नइखे भइल। घटनास्‍थल पs बड़ संख्या में लोगन के भीड़ जमा हो गइल। जिला प्रशासन के टीमो घटनास्थल के खातिर रवाना हो गइल बिया। ई पूरा घटना बेमेतरा के बेरला ब्लॉक के ग्राम बोरसी के लगे भइल बा।

मलबा में कई लोगन के दबाए के आंशका

जोरदार धमाका के बाद कई लोगन के मलबा में दबल होखे के आशंका बा। घायलन के तुरंत रायपुर एम्स में भर्ती करावल गइल बा। घटना के सूचना मिलते  रायपुर आ दुर्ग से दमकल वाहन आ एसडीआरएफ के रेस्क्यू टीम रवाना हो गइल। रायपुर से एगो आ दुर्ग से दू गो दमकल के वाहन घटनास्थल पर पहुंच रहल बिया। ओहिजा रायपुर से एसडीआरएफ के 20 सदस्यीय रेस्क्यू टीम रवाना हो चुकल बा।

हादसे के वक्त फैक्ट्र में रहलें 100 से बेसी कर्मी

बतावल जा रहल बा कि हादसा के घरी बारूद फैक्ट्री में करीब 100 गो कर्मचारी मौजूद रहले। फैक्ट्री में ब्लास्ट होखे से पूरा इलाका दहर उठल। काला धुआ के गुबारा आसमान में उठत लउकल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.