छपरा। सारण के तरैया प्रखंड के चंचलिया से गंडक नदी पार मुजफ्फरपुर के पारू प्रखंड के फतेहाबाद तक प्रस्तावित उच्चस्तरीय आरसीसी पुल के निर्माण के राह में जमीन अधिग्रहण के रास्ता साफ हो गइल बा।
जिला भू-अर्जन कार्यालय सामाजिक प्रभाव आकलन (SIA) आ विशेषज्ञ समूह के रिपोर्ट के आधार पs 49.1802 एकड़ जमीन के सार्वजनिक उद्देश्य खातिर उपयुक्त मानत अधिग्रहण के प्रक्रिया आगे बढ़ावे के फैसला कइले बा।
ई पुल करीब 3.86 किलोमीटर लमहर होई। एकरा बनला से सारण आ मुजफ्फरपुर के बीच आवागमन खातिर एगो वैकल्पिक रास्ता मिली। संगही आसपास के इलाका के कनेक्टिविटियो मजबूत होखे के उम्मेद बा।
तीन मौजा में 49.18 एकड़ जमीन होई अधिग्रहित
परियोजना खातिर तरैया क्षेत्र के अरदेवा, चंचलिया आ शंकरडिह मौजा के जमीन प्रस्तावित बा। एमे अरदेवा में 23.7822 एकड़, चंचलिया में 25.2270 एकड़ आ शंकरडिह में 0.1710 एकड़ जमीन सामिल बा।
भूमि अधिग्रहण से पहिले चयनित एजेंसी एलएन मिश्रा आर्थिक विकास आ सामाजिक परिवर्तन संस्थान, पटना के ओर से सामाजिक प्रभाव आकलन प्रतिवेदन तइयार कइल गइल रहे।
लोग कहल- खुली विकास के रास्ता
विशेषज्ञ समूह 20 अगस्त 2026 के SIA प्रतिवेदन के मूल्यांकन क के आपन अनुशंसा दिहलस। अध्ययन में सामने आइल कि परियोजना से होखे वाला सामाजिक-आर्थिक फायदा संभावित लागत से अधिक बा।
प्रभावित परिवारन के सर्वेक्षण में जमीन के नुकसान के अलावा कवनो अउरी सार्वजनिक या आजीविका से जुड़ल संपत्ति पर खास प्रतिकूल प्रभाव नइखे मिलल। स्थानीय लोग भी परियोजना के समर्थन कइले बाड़ें।
छपरा-मुजफ्फरपुर के बीच मिली वैकल्पिक रास्ता
उच्चस्तरीय पुल आ पहुंच पथ बनला से नदी पार करे में लागे वाला समय, खरचा आ जोखिम कम होखे के उम्मेद बा। ई रास्ता मुजफ्फरपुर के संगे छपरा, सिवान आ गोपालगंज जाये-आवे खातिर एगो वैकल्पिक संपर्क उपलब्ध कराई। एकरा से बेयपार, स्थानीय उत्पाद के बाजार तक पहुंच, शिक्षा आ स्वास्थ्य सुविधा ले जाये-आवे में आसानी होखे के संभावना बा।
मुआवजा देला के बाद आगे बढ़ी अधिग्रहण
विशेषज्ञ समिति परियोजना के लोकहित में जरूरी बतावत सब भू-धारियन के नई भू-अर्जन नीति के मोताबिक जल्द मुआवजा देवे के बेवस्था सुनिश्चित करे के अनुशंसा कइले बा।
समाहर्ता-सह-समुचित सरकार SIA रिपोर्ट के सब पहलूअन पs विचार कइला के बाद प्रस्तावित 49.1802 एकड़ जमीन के सार्वजनिक उद्देश्य खातिर उपयुक्त मनले बिया। अब नियमानुसार मुआवजा आ आउर प्रक्रिया पूरा कइला के बाद जमीन अधिग्रहण के कार्रवाई आगे बढ़ावल जाई।
Read Also: LPU Protest : छात्रा से दुष्कर्म के खबर पs भड़कल छात्र, तोड़फोड़-आगजनी; अमृतसर-दिल्ली हाईवे जाम







No comments yet. Be the first to comment!