LPU Protest : छात्रा से दुष्कर्म के खबर पs भड़कल छात्र, तोड़फोड़-आगजनी; अमृतसर-दिल्ली हाईवे जाम

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 27, 2026

सेंट्रल डेस्क। जालंधर के लवली प्रोफेशनल यूनिवर्सिटी (LPU) के कैंपस में सनिचर के देर रात छात्र लोग जोरदार विरोध प्रदर्शन कइलें। सोशल मीडिया पs एगो छात्रा के कथित दुष्कर्म आ ओकरा बाद आत्महत्या करे के

Share

LPU Protest Over Alleged Rape Case and Campus Violence

सेंट्रल डेस्क। जालंधर के लवली प्रोफेशनल यूनिवर्सिटी (LPU) के कैंपस में सनिचर के देर रात छात्र लोग जोरदार विरोध प्रदर्शन कइलें। सोशल मीडिया पs एगो छात्रा के कथित दुष्कर्म आ ओकरा बाद आत्महत्या करे के अफवाह फइल गइल रहे। एह घटना के लेके छात्रन में भारी गुस्सा देखे के मिलल।

कइयन गाे छात्र सोशल मीडिया पs वीडियो आ फोटो साझा कइलें। एह पोस्ट के मोताबिक, गर्ल्स हॉस्टल से जुड़ल एगो गंभीर ममिला के लेके छात्र लोग के गुस्सा बढ़त गइल। विरोध प्रदर्शन के दौरान छात्र लोग तुड़फोड़ आ आगजनी कइल। छात्रन के हंगामा के चलते अमृतसर-दिल्ली हाईवे जाम हो गइल। मवका पs पहुंचल पुलिस छात्रन के शांत करववलस।

अज्ञात के खिलाफ दुष्कर्म के केस दर्ज

एकरा बाद छात्रन के शिकायत पs G3 हॉस्टल में रहे वाली एगो छात्रा से दुष्कर्म के आरोप में अज्ञात व्यक्ति के खिलाफ केस दर्ज कs लिहल गइल बा। ओहिजा यूनिवर्सिटी प्रशासन छात्रन से शांत रहे के अपील कइले बा।

एक दिन पहिले राजपुरा के निजी यूनिवर्सिटी में भइल रहे बवाल

एक दिन पहिले राजपुरा में इस्थित एगो निजी यूनिवर्सिटी में भूत के अफवाह के चलते सुक के देर रात बवाल हो गइल रहे। हॉस्टल में रात के दरवाजा खटखटावे के बात से सूरू भइल ममिला एतना बढ़ गइल कि सईयन गो छात्र हॉस्टल से बाहर निकल अइलें। कैंपस में भूत भगावे के नारा गूंजे लागल।

एही बीच केहू दावा कs देलस कि दूगो छात्र के मौत हो गइल बा आ उनकर आत्मा भटक रहल बा। अफवाह के बीच छात्र लोग हंगामा आ तोड़फोड़ सुरू कs देलस। पुलिस पहुंचल तs छात्रन पुलिस के गाड़ी के सीसी फोड़ देलें आ पथराव आ हाथापाई भइल। देर रात तक कैंपस में तनाव आ हंगामा जारी रहल।

सूचना मिलतही थाना बनूड़, थाना सदर राजपुरा आ थाना सिटी राजपुरा से पुलिस बल मवका पs पहुंचल। अधिकारी लोग छात्रन के समझावे के कोसिस कइलें, बाकिर ऊ लोग शांत ना भइल।

आरोप बा कि कुछ छात्र पुलिस टीम पs पथराव कइलें आ एगो पुलिस गाड़ी में तोड़फोड़ कs देलें। केएसएम चौकी प्रभारी अजय कुमार के संगही मारपीट के सूचना मिलल बा। कुछ छात्र उनकर शराब के नशा में होखे के आरोप लगवलें, जवना के बाद यूनिवर्सिटी के लैब में उनकर मेडिकल जांच करावल गइल।

दू छात्रा के लापता होखे के अफवाह फइलल

हंगामा के बीच दूगो छात्रा के लापता होखे के अफवाह फइल गइल। नाम ना बतावे के शर्त पs कुछ छात्र दू गो छात्रा के मौत होखे के दावा कइलें। हालांकि, पुलिस भा यूनिवर्सिटी प्रशासन एह दावा के पुष्टि नइखे कइले। डीएसपी सुखदेव सिंह कहलें कि कथित रूप से लापता छात्रन के नाम भा पहचान अभी सामने नइखे आइल। सुरुआती तौर पs ममिला अफवाह के लागता। पुलिस छात्रन के शिकायत दर्ज कs के जांच सुरू कs देले बिया।

Read Also: Bank Strike : आज अतवार के दिन खुलल रही देस के सरकारी बैंक, काल्ह से सुरू होई 3 दिन के हड़ताल

Tags:

💬 Comments
?

No comments yet. Be the first to comment!

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.