गोरखपुर। मोबाइल फोन छिनैती के मामला में दू गो आरोपियन के घटना के 48 घंटा के भीतर रामगढ़ताल पुलिस गिरफ्तार कर लिहलस। ओह लोग के कब्जा से छिनल गइल एंड्रॉयड फोन आ वारदात में इस्तेमाल कइल गइल बाइक बरामद भइल बा।
पूछताछ में आरोपित पुलिस के बतवलें कि मोबाइल बेच के आपन प्रेमिका खातिर महंग गिफ्ट खरीदे के योजना रहे। ओह लोग के कहनाम रहे कि गिफ्ट मिलला प प्रेमिका प्रभावित हो जाले, बाकिर एकरा से पहिले ही पुलिस ओह लोग के पकड़ लिहलस।
पुलिस के मुताबिक, छह अक्टूबर के सबेरे करीब 11:30 बजे रामगढ़ताल इलाका में एगो आदमी के मोबाइल फोन छीन के बाइक सवार दू गो युवक फरार हो गइलें। सूचना मिलते भर डायल 112 आ स्थानीय पुलिस मौका प पहुंचल। पीड़ित के तहरीर प पुलिस छिनैती के धारा में मुकदमा दर्ज कइके जांच शुरू कइलस। घटनास्थल आ आसपास लागल सीसी कैमरा के फुटेज खंगाले खातिर टीम लगावल गइल।
दू दिन के भीतर पुलिस 35 गो कैमरा के फुटेज देखले, जवना से आरोपितन के पहचान हो गइल। एकरा बाद पुलिस दुनो के गिरफ्तार कइ लिहलस। आरोपियान के पहचान रामगढ़ताल इलाका के बड़गो निवासी मो. ताज आ शाहिद के रूप में भइल। दूनो पुरान दोस्त हवे|
ताज ऑटो चलावेला, जबकि शाहिद कवनो काम ना करेला। पुलिस के जांच में ई बात सामने आइल कि शाहिद के खिलाफ साल 2024 में एगो युवती के अपहरण के मुकदमा दर्ज भइल रहे। एह मामला में ऊ जेल भी जा चुकल बा।
गिरफ्तारी के बाद दुनो पुलिस से अपना के लुटेरा माने से इनकार करत पहिला बेर गलती भइला के बात कहले आ माफी मांगे लगले। थाना ले आके जब पुलिस दुनो से सख्ती से पूछताछ कइलस, त ओह लोग में से एगो बतवलस कि प्रेमिका के गिफ्ट देवे खातिर ऊ मोबाइल फोन छिनले रहे। एह वारदात में ऊ अपना साथी के मदद लिहले रहे।
सीओ कैंट अरुण कुमार एस बतवलें कि आरोपियन से पूछताछ के बाद पुलिस दूनो के जेल भेज देले बिया।






No comments yet. Be the first to comment!