बलिया। पश्चिम बंगाल के नेता प्रतिपक्ष शुभेंदु अधिकारी के पूर्व निजी सहायक (पीए) रहल चंद्रनाथ रथ हत्याकांड में सीबीआई जेकरा के खोजत रहे, ऊ बलिया के ज्ञानेंद्र सिंह उर्फ मनु बियफे के अदालत में आत्मसमर्पण कs देलें। ज्ञानेंद्र सीबीआई, एसटीएफ, एसओजी आ स्थानीय पुलिस के नजर से बचत बलिया के गैंगस्टर कोर्ट में पहुंच के न्यायाधीश हरीश कुमार के अदालत में सरेंडर कइलें।
ओहिजा दूसरका ओर, सीबीआई बुध के रात ज्ञानेंद्र के करीबी गोलू सिंह के मझौली गांव के लगे से गिरफ्तार कs लेलस। गोलू बांसडीह रोड थाना क्षेत्र के वासुदेवपुर गांव के निवासी हवे, जबकि ज्ञानेंद्र शीतल दवनी गांव के रहे वाला बाड़ें।
सीबीआई के कार्रवाई से पहिले फरार हो गइल ज्ञानेंद्र
सूत्रन के अनुसार, सीबीआई के सूचना मिलल रहे कि ज्ञानेंद्र आ गोलू बांसडीह रोड इलाका में मौजूद बा लोग। एह जानकारी के आधार पs बुध के रात जांच टीम ओह इलाका में पहुंचल रहे। बाकिर कार्रवाई के भनक ज्ञानेंद्र के पहिलही लाग गइल, जवना से ऊ मवका पावत फरार हो गइलें।
बियफे के जब सीबीआई गोलू सिंह के ट्रांजिट रिमांड खातिर सीजेएम कोर्ट में कानूनी प्रक्रिया पूरा करे में बाझल रहे, ओही दौरान ज्ञानेंद्र चुपचाप गैंगस्टर कोर्ट पहुंच के आत्मसमर्पण कs देलें।
गैंगस्टर एक्ट के ममिला में कइलें सरेंडर
जानकारी के मुताबिक, साल 2023 में बलिया के बांसडीह रोड थाना में ज्ञानेंद्र सिंह के खिलाफ गैंगस्टर एक्ट के तहत मुकदमा दर्ज भइल रहे। अदालत में लगातार गैरहाजिर रहला के कारण उनका खिलाफ गैर-जमानती वारंट (NBW) जारी भइल रहे। ओही ममिला में ऊ अदालत में हाजिर होके आत्मसमर्पण कइले बाड़ें।
ज्ञानेंद्र सिंह के पत्नी मेघना सिंह के कहनाम बा कि उनकर पति निर्दोष बाड़ें आ उनका सीबीआई जांच पs पूरा भरोसा बा। एकरा पहिले ज्ञानेंद्र फेसबुक पs वीडियो जारी कs के सीबीआई के सामने सरेंडर करे के बातो कहले रहलें।
फिलहाल चंद्रनाथ रथ हत्याकांड के जांच सीबीआई के निगरानी में जारी बा आ एजेंसी ममिला से जुड़ल सब पहलूअन के गहराई से खंगाल रहल बिया।
Read Also: Bihar News : पटना में खान सर के कोचिंग पs पहुंचल पुलिस, नया वीडियो सामने अइला के बाद बढ़ल दबिश







