Lok Sabha Speaker के लेके चंद्रबाबू बढ़वले BJP के टेंशन! TDP के एह शर्त के चलते का फंस जाई पेच?

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 16, 2024

लोकसभा के स्पीकर पद के लेके एनडीए में माथापेची जारी बा। मंत्रियन के विभागन के बंटवारा के बाद अब लोकसभा अध्यक्ष केकरा के बनावल जाव एपर फैसला लिहल बाकी बा। भाजपा नेता के मानल जाव

Share

लोकसभा के स्पीकर पद के लेके एनडीए में माथापेची जारी बा। मंत्रियन के विभागन के बंटवारा के बाद अब लोकसभा अध्यक्ष केकरा के बनावल जाव एपर फैसला लिहल बाकी बा। भाजपा नेता के मानल जाव तऽ अध्यक्ष पद पार्टी खुदे राखल चाहऽ तिया आ कवनो एनडीए के साथी दल के नइखे देवे के चाहत। अब टीडीपी के एगो शर्त पार्टी के टेंशन बढ़ा सकत बा।

जेडीयू के साथे, टीडीपी के अलग तेवर

सरकार बनला के बाद अब संसद के पहिला सत्र 24 जून से शुरू हो जाई। आठ दिन तक चले वाला एह सत्र के तीसरका दिन यानी 26 जून के लोकसभा अध्यक्ष के चुनाव होई। एह मामला में नीतीश कुमार के पार्टी जेडीयू तऽ आपन मत साफ कऽ देले बाड़े कि लोकसभा में भाजपा के ही अध्यक्ष होखे के चाहीं, बाकिर टीडीपी के तेवर अलग दिख रहल बा।

भाजपा के घेरे में जुटल विपक्ष

चुनाव से पहिलहीं विपक्ष केंद्र सरकार के घेरे में लागल बा आ एनडीए के सहयोगी दल के स्पीकर के पद देवे के बात कहत बिया। कांग्रेस के कई गो नेता कई बार कह चुकल बाड़े कि एह बेरी विपक्ष के स्पीकर पद देवे के चाहीं। हालांकि, जेडीयू नेता केसी त्यागी कहले कि उनकर पार्टी भाजपा द्वारा नामित व्यक्ति के समर्थन करी।

टीडीपी के अलग सुर

उहे, टीडीपी के प्रवक्ता पट्टाभि राम कोमारेड्डी कहले कि जब आम सहमति बन जाई तबे स्पीकर के चयन होई। टीडीपी नेता कहले कि एनडीए के सहयोगी साथे बइठक करिहें आ जब उम्मीदवार के नांव पs आम सहमति बन जाई, तबे सब सहयोगी उम्मीदवार के समर्थन करिहें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.