Champai Soren: दिल्ली में चंपई सोरेन के जासूसी, पूर्व CM दर्ज करवलें केस; पुलिस दुगो सब इंस्पेक्टर के दबोचलस 

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 28, 2024

Jharkhand Politics: झारखंड के पूर्व मुख्यमंत्री चंपई सोरेन दिल्ली पुलिस में झारखंड पुलिस के दुगो सब इंस्पेक्टर पs केस दर्ज करववले बाड़ें। चंपई सोरेन दुनो पs जासूसी के आरोप लगवले बा। आरोप बा कि झारखंड

Share

Jharkhand Politics: झारखंड के पूर्व मुख्यमंत्री चंपई सोरेन दिल्ली पुलिस में झारखंड पुलिस के दुगो सब इंस्पेक्टर पs केस दर्ज करववले बाड़ें। चंपई सोरेन दुनो पs जासूसी के आरोप लगवले बा। आरोप बा कि झारखंड पुलिस के स्पेशल ब्रांच के दुनो सब इंस्पेक्टर, चंपई सोरेन आ असम के पूर्व सीएम के फॉलो कs रहल बा लो।

दुगो सब इंस्पेक्टर चंपई सोरेन के संगही फ़्लाइट से कोलकाता से दिल्ली पहुंचल लो आ ताज होटल में उनका करीबे कमरा लिहल लो। दुनो चंपई सोरेन के फोटो खींचत रहे लो। हिमंत बिस्वा सरमा कहलें कि चंपई सोरेन के दिल्ली प्रवास में झारखंड पुलिस के स्पेशल ब्रांच उनका के फ़ॉलों कइलस। उनकी गतिविधियों की मानिटरिंग की।

दुनो सब इंस्पेक्टर के पकड़के दिल्ली पुलिस ले गइल 

झारखंड पुलिस के स्पेशल ब्रांच के दुनो सब इंस्पेक्टर के दिल्ली पुलिस लेके गइल। पहिले ई लोग अपना के पत्रकार बता रहल बा लो, बाकिर चंपई कर शिकायत के बाद दुनो के दबोच लिहल गइल।

साभार : दैनिक जागरण

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.