Champai Soren in BJP: चंपाई सोरेन बहाना, आदिवासी वोट पs निशाना, जानि BJP खातिर केतना फायदेमंद होई ई मास्टरस्ट्रोक

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 27, 2024

Champai Soren News: जनवरी में तत्कालीन सीएम हेमंत सोरेन के गिरफ्तारी के बाद पार्टी झामुमो के वरिष्ठ सदस्य आ राज्य सरकार के मंत्री चंपाई के मुख्यमंत्री के पदभार संभाले खातीर चुनले रहे। झारखंड के पूर्व

Share

Champai Soren News: जनवरी में तत्कालीन सीएम हेमंत सोरेन के गिरफ्तारी के बाद पार्टी झामुमो के वरिष्ठ सदस्य आ राज्य सरकार के मंत्री चंपाई के मुख्यमंत्री के पदभार संभाले खातीर चुनले रहे।

झारखंड के पूर्व मुख्यमंत्री चंपाई सोरेन के लेके चलत सब अटकलबाजी आखिरकार सोमवार के दिने खतम हो गइल। आगामी विधानसभा चुनाव खातिर भाजपा के सह प्रभारी हिमंत विश्व सरमा सोमवार के देर रात जानकारी दिहलन कि चम्पाई सोरेन बियफे (30 अगस्त) के दिने भाजपा में शामिल होखीहें।

असम के मुख्यमंत्री हिमंत विश्व सरमा ट्विटर पs लिखले कि, झारखंड के पूर्व मुख्यमंत्री आ हमनी के देश के प्रतिष्ठित आदिवासी नेता चंपाई सोरेन जी कुछ समय पहिले माननीय केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह जी से मुलाकात कइले। ऊ 30 अगस्त के रांची में आधिकारिक तौर पs भाजपा में शामिल हो जईहे।

एह खबर के बाद झारखंड में नया राजनीतिक समीकरण बनत लउकत बा। चम्पाई सोरेन के माध्यम से भाजपा आदिवासी वोट बैंक में गड़बड़ी करे के तैयारी में जुटल बिया। बताईं कि चंपाई सोरेन के भाजपा में शामिल होखल उनका खातीर कइसे फायदेमंद होई आ भाजपा खातीर कइसे फायदेमंद होई।

चंपाई सोरेन के समर्थक नाराज बाड़े, कहतारे कि अन्याय भइल

चंपाई सोरेन के गांव के आदिवासी लोग के कहनाम बा कि चंपाई के संगे अन्याय भइल बा। उनकर अपमान भइल। उनका के जबरन मुख्यमंत्री पद से हटा दिहल गइल। झारखंड मुक्ति मोर्चा सिर्फ चम्पाई सोरेन के चलते आगे बढ़ल बा। अब झारखंड मुक्ति मोर्चा के विधानसभा चुनाव में नुकसान के सामना करे के पड़ सकेला। पार्टी के चम्पाई के मुख्यमंत्री बना के राखे के चाहत रहे। भविष्य में ऊ जवन कदम उठाईहे हमनी के समर्थन करब सs। कुछ लोग इहो कहले कि जदी ऊ भाजपा के संगे जइहे तs हम उनकर समर्थन ना करेंम।

भाजपा चंपाई सोरेन के जिम्मेवारी काहे देत रहे?

भाजपा अगिला साल होखे वाला विधानसभा चुनाव जीते खातिर कवनो पत्थर ना छोड़त बिया। एकर नजर एहिजा के आदिवासी मतदाता पर बा, जेकर समर्थन भाजपा के अबहीं ले बड़हन पैमाना पर नइखे मिलल। इहे कारण बा कि पार्टी के चुनाव पर्यवेक्षक आ असम के सीएम हिमंत विश्व सरमा भी पार्टी में हाशिया पs पड़ल आदिवासी नेता पs नजर रखले बाड़े। ऊ एक-एक करके सब आदिवासी नेता से मिल रहल बाड़े।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.