JP University: सर्टिफिकेट कोर्स खातिर साल में दु बेर होई आवेदन: मात्र 60 प्रतिशत आवेदन आइल

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 12, 2024

छपरा। जयप्रकाश विश्वविद्यालय में वोकेशनल कोर्स आ सर्टिफिकेट कोर्स के नामांकन के लेके आवेदन बंद कs दिया गया है। अभी तक मात्र 60% छात्र नामांकन खातिर आवेदन देले बा लो। एकरा के लेके नामांकन प्रक्रिया

Share

छपरा। जयप्रकाश विश्वविद्यालय में वोकेशनल कोर्स आ सर्टिफिकेट कोर्स के नामांकन के लेके आवेदन बंद कs दिया गया है। अभी तक मात्र 60% छात्र नामांकन खातिर आवेदन देले बा लो। एकरा के लेके नामांकन प्रक्रिया के वेरिफिकेशन सुरू कs दिहल गइल बा। छात्र लोग सर्टिफिकेट कोर्स के लेके बहुते रुचि देखवले बा लो। सर्टिफिकेट कोर्स में सबसे जादे आवेदन आइल बा।

जुलाई में सुरू कs देवे के रहे कोर्स

जुलाई महीना से वोकेशनल कोर्स आ सर्टिफिकेट कोर्स के सत्र सुरू होखे के रहे। बाकिर तकनीकी कारणन से अभी तक सत्र सुरू नइखे हो सकल। वोकेशनल कोर्स खातिर 3 साल के सत्र बा। जबकि सर्टिफिकेट कोर्स खातिर छव महीना के सत्र बा। लमहर समय के बाद जयप्रकाश विश्वविद्यालय में एह कोर्सन के पढ़ाई के सुरुआत भइल बा।

विश्वविद्यालय के वोकेशनल आ सर्टिफिकेट कोर्स के इंचार्ज प्रो अजीत कुमार तिवारी बतवलें कि वोकेशनल कोर्स के अवधि तीन साल के बा। जबकि सर्टिफिकेट कोर्स के अवधि छव महीना रखल गइल बा। चुकी जुलाई से वोकेशनल आ सर्टिफिकेट कोर्स के सत्र सुरू करे के रहे। बाकिर कुछ तकनीकी कारणन से एमे विलंब हो गइल।

सर्टिफिकेट कोर्स खातिर आइल जादे आवेदन

सर्टिफिकेट कोर्स में छात्र-छात्रा लोग नामांकन के लेके बहुते रुचि देखवले बा लो। अइसन में जनवरी 2025 में फेर से सर्टिफिकेट कोर्स में नामांकन खातिर आवेदन लेवे के प्रक्रिया सुरू कइल जाई। सर्टिफिकेट कोर्स में नामांकन खातिर साल में दु बेर मवका मिली। ई कोर्स छव महीना में पूरा होई। मालूम होखे कि सर्टिफिकेट कोर्स के अंतर्गत योग, ह्यूमन राइट्स, फूड टेक्नोलॉजी, कर्मकांड, इंडियन नॉलेज सिस्टम, टैली, फूड प्रोसेसिंग एंड फूड टेक्नोलॉजी, वूमेन एंड जेंडर स्टडीज आ इंटरनेशनल रिलेशंस एंड डिप्लोमेसी कोर्स के सुरू कइल गइल बा। एकर अवधि छव महीना के होई। सब सर्टिफिकेट कोर्स में 64-64 सीट उपलब्ध बा।

इहो पढ़ीं: Bihar News: महाबोधि मंदिर के बम से उड़ावे के धमकी, दुबई से वासेपुर के कुख्यात भेजलस सनेस

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.