ईरान में फंसल भारतीयन के निकाले खातीर सरकार बनवलस कंट्रोल रूम, जारी कइलस हेल्पलाइन नंबर

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 17, 2025

ईरान आ इजरायल के बीच चलत युद्ध के चलते भारत सरकार पूरा सतर्क बिया। ईरान से भारी संख्या में भारतीयन के निकालल जा रहल बा। एकरा खातिर भारतीय विदेश मंत्रालय एगो कंट्रोल रूम बनवले बा।

Share

ईरान आ इजरायल के बीच चलत युद्ध के चलते भारत सरकार पूरा सतर्क बिया। ईरान से भारी संख्या में भारतीयन के निकालल जा रहल बा। एकरा खातिर भारतीय विदेश मंत्रालय एगो कंट्रोल रूम बनवले बा। ई कंट्रोल रूम ईरान से निकालल जा रहल भारतीयन खातिर चौबीस घंटा आपन सेवा दिही।

अपना प्रियजन के बारे में जानकारी एकट्ठा करीं

एकरा खातीर सरकार के ओर से हेल्पलाइन नंबर भी जारी कईल गईल बा। आप अपना प्रियजन के बारे में भी सरकार से मेल से जानकारी जुटा सकतानी। ई हेल्पलाइन नंबर निम्नलिखित बा।

1800118797 (टोल फ्री)
+91-11-23012113
+91-11-23014104
+91-11-23017905
+91-9968291988 (व्हाट्सएप)
situationroom@mea.gov.in (मेल आईडी)

ईरान में भारतीयन खातिर हेल्पलाइन नंबर भी जारी

एकरा अलावे ईरान के राजधानी तेहरान में भारतीय दूतावास 24×7 आपातकालीन हेल्पलाइन बनवले बा जवना में संपर्क विवरण नीचे दिहल बा।

खाली कॉल खातीर:
+98 9128109115
+98 9128109109
व्हाट्सएप खातीर:
+98 901044557
+98 9015993320
+91 8086871709
बंदर अब्बास:
+98 9177699036
⁠ज़ाहेदान:
+98 9396356649
cons.tehran@mea.gov.in (मेल आईडी)

एही तरे भारतीयन के बाहर निकालल जा रहल बा

ईरान में फंसल भारतीयन के बाहर निकाले के अभियान भारत तेज कs दिहले बा. पहिला बैच में सोमार के रात ईरान से 100 भारतीय नागरिकन के सड़क मार्ग से आर्मेनिया भेजल गइल. नई दिल्ली अवुरी तेहरान के बीच कूटनीतिक बातचीत के बाद इs कदम संभव भईल बा।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.