कोलकाता रेप-मर्डर केस: CBI के बड़ एक्शन, चार आरोपी गिरफ्तार

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 3, 2024

  कोलकाता के आरजी कर अस्पताल में एगो महिला प्रशिक्षु डॉक्टर के संगे बलात्कार अवुरी हत्या के मामला में सीबीआई बड़ कार्रवाई कईले बिया। सीबीआई आरजी कर अस्पताल के पूर्व प्रिंसिपल समेत तीन लोग के

Share

कोलकाता रेप-मर्डर केस: फोटो

 

कोलकाता के आरजी कर अस्पताल में एगो महिला प्रशिक्षु डॉक्टर के संगे बलात्कार अवुरी हत्या के मामला में सीबीआई बड़ कार्रवाई कईले बिया। सीबीआई आरजी कर अस्पताल के पूर्व प्रिंसिपल समेत तीन लोग के भ्रष्टाचार के आरोप में गिरफ्तार कईले बिया। एह गिरफ्तारी के बाद एक बेर फेर डाक्टर सड़क पs उतर के विरोध प्रदर्शन कइले बाड़न. कोलकाता के लाल बाजार के लगे डॉक्टर हड़ताल पs बईठल बाड़े। डाक्टरन के मांग बा कि डाक्टरन के सुरक्षा पs ध्यान दिहल जाव. डॉक्टर के मांग बा कि एs मामला में दोषी के कड़ा सजा दिहल जाए।

एह चार लोग के गिरफ्तार कइल गइल बा

1. डॉ. संदीप घोष, 53 वर्ष, पूर्व प्राचार्य

2. बिप्लव सिंघा 52 वर्ष, विक्रेता

3. सुमन हजारा विक्रेता 46 वर्ष

4. अफसर अली 44 वर्ष, डॉ. संदीप घोष के अतिरिक्त सुरक्षा

हड़ताल पs बइठल डाक्टरन के कहल बा

आरजी कर मेडिकल कॉलेज के जूनियर डॉक्टर पूरा रात लालबाजार (कोलकाता पुलिस मुख्यालय) के बहरी हड़ताल पs बईठल बाड़े। डाक्टर लोग के कहनाम बा कि रात के करीब 11 बजे के बा, हमनी के लड़ाई अवुरी उत्साह दुनो अपना सर्वश्रेष्ठ स्थिति में बा, जे हमनी के संगे आवे के चाहत बा, ओकर स्वागत बा। चुकी आरजी कर मेडिकल कॉलेज के जूनियर डॉक्टर के कोलकाता पुलिस से मतभेद रहे एहसे जब तक सीपी इस्तीफा ना दे देले तब ले जूनियर डॉक्टर लाल बाजार (कोलकाता पुलिस मुख्यालय) के मोर्चा से ना जाए के चाहत रहले।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.