Calcutta High Court : हाईकोर्ट के निर्देश, दुपहरिया तीन बजे ले स्वेच्छा छुट्टी पऽ चल जास ना तऽ हम हटाइब 

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 13, 2024

Calcutta High Court : डॉक्टर बलात्कार हत्या के मामला के केस डायरियो दुपहरिया एक बजे ले कोर्ट के सौंप देवे के निर्देश दिहल गइल बा। एकरा अलावा हाईकोर्ट एह घटना के खिलाफ जूनियर डॉक्टर के

Share

Calcutta High Court : डॉक्टर बलात्कार हत्या के मामला के केस डायरियो दुपहरिया एक बजे ले कोर्ट के सौंप देवे के निर्देश दिहल गइल बा। एकरा अलावा हाईकोर्ट एह घटना के खिलाफ जूनियर डॉक्टर के आंदोलनो पs नजर रखले बा।

Calcutta High Court : कलकत्ता हाईकोर्ट डा संदीप घोष के प्रति सरकार के नरमी पs सख्त नाराजगी देखावत निर्देश देले बा कि दोपहर तीन बजे तक संदीप घोष स्वेच्छा से छुट्टी पs चले जास। ना तऽ कोर्ट के कदम उठावे के पड़ी। डॉक्टर रेप हत्या मामला के केस डायरियो दोपहर एक बजे तक कोर्ट के सौंपे के निर्देश देले बा। साथही इस घटना के विरोध में जूनियर डॉक्टरन के आंदोलन पs हाई कोर्ट के नजर बा। हाईकोर्ट के कहनाम बा कि विरोध कर रहल डॉक्टरन के भावना के गंभीरता से लिहल जाए के चाहीं। काहेकी उनका लो के साथी के बेरहमी से हत्या कऽ दिहल गइल बा तऽ उऽ आंदोलन करबे करिहें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.