स्कूल नौकरी घोटाला मामिला में कोलकाता हाईकोर्ट शिक्षक से चपरासी ले कुल भर्ती रद्द कs दिहलस, खाली एs महिला के नौकरी बचल

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 22, 2024

पश्चिम बंगाल में स्कूल जॉब घोटाला के तहत 2016 में भईल हर बहाली के कलकत्ता हाईकोर्ट रद्द कs देले बा। कोर्ट अपना आदेश में साफ कs देले बिया कि साल 2016 में एसएससी के तहत

Share

पश्चिम बंगाल में स्कूल जॉब घोटाला के तहत 2016 में भईल हर बहाली के कलकत्ता हाईकोर्ट रद्द कs देले बा। कोर्ट अपना आदेश में साफ कs देले बिया कि साल 2016 में एसएससी के तहत भईल हरेक बहाली अमान्य बा। एकरा के तुरंत प्रभाव से रद्द कs देवे के चाही। शिक्षक के अलावे जहां अवुरी कर्मचारी के बहाली में गड़बड़ी मिलल बा, उहाँ उनुकर बहाली रद्द कs दिहल गईल बा। हालांकि कोर्ट एक महिला के नौकरी बरकरार रखले बिया। ई मेहरारू सोमा दास हई जे कैंसर के मरीज हई। कोर्ट प्रशासन से 15 दिन के भीतर नया बहाली खातिर कार्रवाई करे के कहले बिया।

एह घोटाला से जुड़ल सगरी मामिला के सुनवाई 20 मार्च के पूरा हो गइल रहे आ संभागीय पीठ फैसला सुरक्षित राख लिहले रहुवे. अब करीब एक महीना बाद जस्टिस देबांगसु बसक आ जस्टिस मोहम्मद शब्बर रशीदी के डिवीजन बेंच एह घोटाला से जुड़ल कई गो याचिका आ अपील पs आपन फैसला सुनवलस।

स्कूल के नौकरी के घोटाला का होला?

साल 2016 में पश्चिम बंगाल सरकार स्कूल में शिक्षक के बहाली कईले रहे। ई बहाली सरकारी स्कूलन खातिर रहे, जवना के माध्यम से माध्यमिक आ उच्च माध्यमिक विद्यालय खातिर शिक्षकन के चयन होखे के रहे। एह बहाली में गड़बड़ी के आरोप लागल रहे अवुरी मामिला हाईकोर्ट ले पहुंच गईल। एs मामिला में घोटाला के लेके बहुत याचिका दायर भईल अवुरी कोर्ट सभके एक संगे सुनवाई कईलस।

सीबीआई दू महीना में जांच पूरा कs दिहलस

कलकत्ता हाईकोर्ट के आदेश पs सीबीआई पूरा मामिला के जांच कईलस अवुरी पश्चिम बंगाल के शिक्षा मंत्री रहल पार्थ चटर्जी के गिरफ्तार कs लेलस। एs लोग के अलावे पश्चिम बंगाल स्कूल सेवा आयोग के कुछ अधिकारी के भी गिरफ्तार कईल गईल। हाईकोर्ट के निहोरा पs ही सीबीआई दु महीना के भीतर जांच पूरा कs के आपन रिपोर्ट पेश कs देलस। रिपोर्ट मिलला के बाद 20 मार्च ले सुनवाई पूरा हो गईल।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.