[the_ad_group id="30365"]

Bankipur By-Election : बांकीपुर उपचुनाव से पहिले प्रशांत किशोर के बड़ झटका, प्रो. केसी सिन्हा सहित कइयन गो नेता भाजपा में सामिल

Bankipur By-Election – Prof. KC Sinha Joins BJP Before Bypoll
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना। बिहार के बांकीपुर विधानसभा उपचुनाव से ठीक पहिले प्रशांत किशोर के जन सुराज पार्टी (JSP) के बड़ राजनीतिक झटका लागल बा। पार्टी के कइयन गो नेता बुध के भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) में सामिल हो गइल लोग। भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष संजय सरावगी सब नेता के पार्टी के सदस्यता दिलवलें।

भाजपा में सामिल होखे वाला नेता लोगन में प्रसिद्ध गणितज्ञ प्रो. केसी सिन्हा, दीघा विधानसभा क्षेत्र के पूर्व प्रत्याशी बिट्टू सिंह आ मनेर विधानसभा क्षेत्र के पूर्व प्रत्याशी गोपाल सिंह सामिल बाड़ें।

राजनीतिक जानकार मानत बा लोग कि उपचुनाव के बीच जन सुराज के प्रमुख चेहरन के भाजपा में गइला से प्रशांत किशोर के रणनीति पs असर पड़ सकेला।

शिक्षा जगत के बड़ नाम बाड़ें प्रो. केसी सिन्हा

प्रो. केसी सिन्हा बिहारे ना, पूरा देस में गणित शिक्षा के क्षेत्र में चर्चित नाम मानल जालें। भोजपुर जिला में जनमल प्रो. सिन्हा बीएससी आ एमएससी दुनो परीक्षा में स्वर्ण पदक हासिल कइले रहलें। बाद में ऊ पटना साइंस कॉलेज में गणित के प्रोफेसर बनलें। पढ़ावे के संगे-संगे गणित पs 70 से जादे किताब लिखलें, जवना से लाखन छात्र प्रतियोगी परीक्षा आ उच्च शिक्षा के तइयारी करेला लो।

2025 चुनाव से पहिले जुड़ल रहलें जन सुराज से

प्रो. केसी सिन्हा 2025 बिहार विधानसभा चुनाव से पहिले जन सुराज पार्टी के सदस्य बनल रहलें। पार्टी उनका के कुम्हरार विधानसभा सीट से उम्मीदवार बनवले रहे। हालांकि चुनाव में ऊ जीत ना सकलें। भाजपा उम्मीदवार संजय कुमार विजयी रहलें, जबकि कांग्रेस के इंद्रदीप चंद्रवंशी दूसरा स्थान पs रहलें। प्रो. सिन्हा के करीब 15,017 वोट मिलल रहे।

उपचुनाव पs पड़ सकेला असर

बांकीपुर उपचुनाव के बीच प्रो. केसी सिन्हा आ दोसर प्रमुख नेता लोगन के भाजपा में सामिल होखल राजनीतिक रूप से बहुते महत्वपूर्ण मानल जा रहल बा। विशेषज्ञन के मोताबिक, पटना आ आसपास के इलाका में प्रो. सिन्हा के शैक्षणिक पहचान भाजपा के फायदा पहुंचा सकेला। दूसरका ओर, जन सुराज पार्टी खातिर ई संगठनात्मक रूप से बड़ नुकसान मानल जा रहल बा।

अब सब केहू के नजर बांकीपुर उपचुनाव पs बा, काहेकि एह चुनाव के परिणाम बिहार के आवे वाला राजनीतिक समीकरणन पs असर डाल सकेला।

Read Also: Manipur Violence : मणिपुर में असम राइफल्स कैंप पs भीड़ के हमला, तीन गो वाहन फूंकल गइल, तलाशी अभियान के बाद बढ़ल तनाव

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]