आज 7 राज्य के 13 सीटन पs हो रहल उपचुनाव खातीर वोटिंग जारी, एक बेर फेर NDA बनाम INDIA

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 10, 2024

  लोकसभा चुनाव 2024 के बाद एक बेर फिर आजु मंगल 10 जुलाई के चुनावी मौसम देखे के मिली। देश भर के 4 राज्य में कुल 13 विधानसभा सीट पs उपचुनाव के आयोजन कईल जाता।

Share

 

लोकसभा चुनाव 2024 के बाद एक बेर फिर आजु मंगल 10 जुलाई के चुनावी मौसम देखे के मिली। देश भर के 4 राज्य में कुल 13 विधानसभा सीट पs उपचुनाव के आयोजन कईल जाता। जवना विधानसभा के कुछ सीट खातिर उपचुनाव हो रहल बा, ओहमें से कुछ सीट लोकसभा चुनाव के दौरान खाली हो गइल. एकरा संगे कुछ सीट पs विधायक के निधन हो गईल। एही कारण से एs 13 सीट पs उपचुनाव के आयोजन कईल जाता।

कवना राज्य के कवना सीट पs उपचुनाव?

मंगल के दिने जवना 13 सीट पs उपचुनाव हो रहल बा ओहमें से पश्चिम बंगाल के 4 सीट, हिमाचल प्रदेश के 3 सीट, उत्तराखंड के 2 सीट, बिहार के 1 सीट, मध्य प्रदेश के 1 सीट, पंजाब के 1 सीट अवुरी 1 सीट पs चुनाव होखे वाला बा तमिलनाडु में भइल. बता दीं कि एह सब सीट पs उपचुनाव खातिर अधिसूचना चुनाव आयोग 14 जून के जारी कइले रहुवे.

केकरा बीच कहाँ मुकाबला बा?

*रुपौली में राजद के बीमा भारती के मुकाबला जदयू के कलाधर मंडल से होखी.

*बंगाल के मणितला में टीएमसी के सुप्ति पांडे के मुकाबला भाजपा के कल्याण चौबे से होखी.

*बंगाल के रायगंज विधानसभा सीट पर टीएमसी के कृष्ण कल्याणी के मुकाबला भाजपा उम्मीदवार मानस कुमार घोष से होखी.

*बंगाल के बागदाह विधानसभा सीट पर टीएमसी के मधुपर्णा भाजपा के बिनय कुमार विश्वास से लड़त बाड़न.

*टीएमसी बंगाल के राणाघाट दक्षिण से मुकुट मणि अधिकारी के टिकट देले बिया। जबकि भाजपा के मनोज कुमार विश्वास मैदान में बाड़े।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.