By-Election Uttarakhand: विधानसभा उप चुनाव खातिर आज से नामांकन, 10 जुलाई के मतदान आ 13 जुलाई को होई मतगणना

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 14, 2024

By-Election Uttarakhand: बदरीनाथ आ मंगलौर विधानसभा उप चुनाव के अधिसूचना आज जारी होई। एकरा साथही नामांकन पत्रन के बिक्री, नामांकनो शुरू हो जाई जवन 21 जून तक चली। राज्य में विधानसभा उप चुनाव खातिर आज

Share

By-Election Uttarakhand: बदरीनाथ आ मंगलौर विधानसभा उप चुनाव के अधिसूचना आज जारी होई। एकरा साथही नामांकन पत्रन के बिक्री, नामांकनो शुरू हो जाई जवन 21 जून तक चली।

राज्य में विधानसभा उप चुनाव खातिर आज शुक से नामांकन शुरू होखे जा रहल बा। 21 जून ले प्रत्याशी नामांकन कर सकत बाड़े। चुनाव आयोग एकर तैयारी पूरा कऽ लेले बिया।

चुनाव आयोग के मोताबिक, शुक के बदरीनाथ आ मंगलौर विधानसभा उप चुनाव के अधिसूचना जारी होई। एकरा साथही नामांकन पत्रन के बिक्री, नामांकनो शुरू हो जाई जवन 21 जून तक चली। 24 जून ले नामांकन पत्रन के जांच होई। जवना प्रत्याशी के नाम वापस लेवे के होई, उनका खातिर नाम वापसी के अंतिम तिथि 26 जून तक होई।

दुनु विधानसभा सीट पs 10 जुलाई के मतदान होई आ 13 जुलाई के मतगणना होई। मुख्य निर्वाचन अधिकारी डॉ. बीवीआरसी पुरुषोत्तम बतवले, विस उप चुनाव खातिर बदरीनाथ में 210 पोलिंग बूथ पs एक लाख दू हजार 145 मतदाता, 2,566 सर्विस मतदाता बाड़े। मंगलौर विधानसभा क्षेत्र में 132 पोलिंग बूथ आ एक लाख 19 हजार 930 मतदाता आ 255 सर्विस मतदाता होइहें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.