Bullet Train: वाराणसी होत दिल्ली-हावड़ा के बीच बुलेट ट्रेन चल सकेला, दू चरण में काम पूरा हो जाई

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 26, 2024

दिल्ली-हावड़ा के बीच 2029 तक बुलेट ट्रेन चल सकेला। ट्रेन संचालन खातीर जमीन के अधिग्रहित कइल जाई। दू चरण में एकर काम पूरा हो जाई। जमीन अधिग्रहण खातिर किसानन के आधार कार्ड जमा करावल गइल

Share

दिल्ली-हावड़ा के बीच 2029 तक बुलेट ट्रेन चल सकेला। ट्रेन संचालन खातीर जमीन के अधिग्रहित कइल जाई। दू चरण में एकर काम पूरा हो जाई। जमीन अधिग्रहण खातिर किसानन के आधार कार्ड जमा करावल गइल बा।

दिल्ली-वाराणसी-हावड़ा मार्ग पs 2029 में बुलेट ट्रेन चल सकेला। एकर प्रक्रिया चलत बा। रेल मार्ग के सर्वेक्षण 2025 तक पूरा हो जाई। जमीन के अधिग्रहण हो जाई। एकर काम दू चरण में पूरा होखे वाला बा। पहिला चरण में पटना होत वाराणसी-हावड़ा तक काम कइल जाई। दूसरा चरण में दिल्ली-वाराणसी के बीच काम होखे के बा। वाराणसी में जमीन पर निशान लगावत किसानन के आधार कार्ड जमा करावल गइल बा।

हाई स्पीड रेल लाइन बिछावे के प्रक्रिया नेशनल हाई स्पीड रेल कॉरपोरेशन लिमिटेड के ओर से चलता। पहिला चरण में वाराणसी आ हावड़ा के बीच 720 किलोमीटर के पटरी बिछावल जाई।

चौबेपुर के चिरईगांव प्रखंड के नारायणपुर, उठी, सिरिस्टी, अमौली, रामला, छितौनी, बकैनी, देवरिया, धरधर आदि गाँव में सर्वे के काम पूरा हो गइल। मुआवजा देबे के प्रक्रिया चलत बा।

गलियारा में अलगा अलगा जगहा पर सुरंग आ ग्रेड बिछावल जाई। रेलवे के अधिकारी के मुताबिक ए एलिवेटेड हिस्सा के ऊंचाई 20 फीट होई। खास बात ई बा कि हाई स्पीड रेल लाइन खातिर खाली सीधा पटरी के जरूरत होला। घुमावदार पटरी काम ना करी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.