Aamir Khan : आमिर खान के मिलल कथित जान से मारे के धमकी, सोशल मीडिया पोस्ट के बाद पुलिस जांच सुरू

Aamir Khan Threat: Viral Post Claims Threat Linked to Lawrence Bishnoi Gang

Share

मुंबई। आमिर खान एक बेर फेर सुर्खी में बाड़ें। अभिनेता आमिर खान के सोशल मीडिया पs वायरल एगो कथित पोस्ट आ ऑडियो क्लिप के बाद जान से मारेला धमकी मिलला के दावा कइल जा रहल बा। वायरल पोस्ट में खुद के लॉरेंस बिश्नोई गैंग से जुड़ल बतावे वाला आमिर खान के उनकर हालिया बियाह के लेके निशाना बनवले बा। हालांकि, एह पोस्ट आ ऑडियो क्लिप के सत्यता के अभी तक स्वतंत्र रूप से पुष्टि नइखे भइल।

सोशल मीडिया पोस्ट के बाद मचल हलचल

वायरल पोस्ट में दावा कइल गइल बा कि आमिर खान के उनकर पत्नी गौरी स्प्रैट के संगे बियाह के मुद्दा पs निशाना बनावल गइल बा। पोस्ट में कुछ गंभीर आरोप लगावत चेतावनी दिहल गइल बा। हालांकि, एह पोस्ट के प्रामाणिकता के पुष्टि अभी तक नइखे भइल बा आ ना संबंधित एजेंसी एह दावा के सही बतवले बाड़ी सs।

मुंबई पुलिस का कहलस?

मुंबई पुलिस के अनुसार अभी तक अभिनेता आमिर खान भा उनका टीम के ओर से एह कथित धमकी के संबंध में कवनो आधिकारिक शिकायत दर्ज नइखे करावल गइल। पुलिस के कहनाम बा कि मीडिया रिपोर्ट के माध्यम से ई जानकारी मिलल बा आ फिलहाल पूरा ममिला के जांच कइल जा रहल बा। जांच के बादे आगे के कार्रवाई तय होई।

5 जुलाई के भइल रहे निजी समारोह में बियाह

हाले में आमिर खान आ गौरी स्प्रैट निजी समारोह में बियाह बंधन में बन्हाइल रहे लोग। ई बियाह स्पेशल मैरिज एक्ट के तहत मुंबई इस्थित उनका आवास पs संपन्न भइल रहे। समारोह में परिवार के सदस्य, करीबी संघतिया आ फिलिम इंडस्ट्री से जुड़ल कुछ खास लोग सामिल रहे।

लव जिहाद विवाद पs आमिर खान के बयान

हाल के दिनन में आमिर खान लव जिहाद से जुड़ल सवाल पs आपन प्रतिक्रिया देले रहलें। उनकर कहनाम रहे कि उनकर परिवार हमेसा अलग-अलग धर्म आ संस्कृति के सम्मान करे वाला परिवार रहल बा। आमिर बतवले रहलें कि उनकर परिवार में अलग-अलग धर्म के लोगन के बीच बियाह भइल बा आ कवनो बियाह में धर्म परिवर्तन ना कइल गइल। उनका अनुसार आपसी सम्मान आ समझदारी सबसे महत्वपूर्ण होला।

जांच पूरा होखे के इंतजार

फिलहाल सोशल मीडिया पs वायरल पोस्ट आ कथित ऑडियो क्लिप के सत्यता के आधिकारिक पुष्टि नइखे भइल। मुंबई पुलिस पूरा ममिला के जांच करत बिया। एही कारण से एह घटना से जुड़ल कवनो दावा जांच पूरा होखे तक अंतिम रूप से सही ना मानल जा सकेला।

Read Also: Lalu Yadav Health : राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव के तबीयत बिगड़ल, आज दिल्ली एम्स में होई इलाज

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-