Bihar AK-47 Firing Case : छात्र प्रदर्शन में गोली चलावे वाला पुलिसकर्मी सस्पेंड, विभागीय जांच सुरू

Bihar police action after alleged AK-47 firing during student protest in Siwan.

Share

पटना। बिहार के सिवान में छात्र प्रदर्शन के दौरान AK-47 से फायरिंग के आरोप में पुलिस विभाग बड़ कार्रवाई कइलस। नीट पेपर लीक ममिला के विरोध में भइल प्रदर्शन के दौरान वायरल वीडियो के आधार पs SIT सदस्य अभिषेक पटेल के निलंबित कs दिहल गइल बा। पुलिस मुख्यालय एह ममिला में विभागीय जांच सुरू कs देले बा।

सोशल मीडिया पs वायरल भइल वीडियो में एगो पुलिसकर्मी प्रदर्शनकारी लोगन के दिशा में AK-47 से कइयन गो राउंड फायरिंग करत नजर आ रहल बा। वीडियो सामने अइला के बाद पुलिस प्रशासन पs सवाल उठे लागल आ ममिला राजनीतिक रूप से गरमा गइल।

सिवान में बिहार बंद दौरान बनल रहे तनाव के माहौल

जानकारी के मोताबिक, 25 जुलाई के बिहार बंद के दौरान सिवान जिला मुख्यालय में छात्र संगठन आ पुलिस के बीच तनाव के इस्थिति पैदा हो गइल रहे। ई बंद छात्र आंदोलन के समर्थन में बोलावल गइल रहे, जवना में कइयन गो छात्र संगठन सामिल भइल रहे।

वायरल वीडियो में देखाई दे रहल बा कि फायरिंग के बाद प्रदर्शनकारी पीछे हटत नजर आ रहल बा लो। हालांकि, पुलिस विभाग अब वीडियो के सत्यता, फायरिंग के परिस्थिति आ नियम के पालन के जांच करत बा।

पुलिस मुख्यालय सुरू कइल विभागीय जांच

पुलिस मुख्यालय वायरल वीडियो के संज्ञान में लेत तत्काल कार्रवाई कइलस। संबंधित पुलिसकर्मी के निलंबित कs के विभागीय जांच सुरू कs दिहल गइल बा। अधिकारियन के कहनाम बा कि जांच पूरा भइला के बाद तथ्य के आधार पs आगे के कार्रवाई तय कइल जाई।

कइयन जिला में प्रदर्शन के दौरान भइल झड़प

बिहार बंद के दौरान पटना, सिवान, सारण, औरंगाबाद आ भागलपुर सहित कइयन गो जिला में प्रदर्शन आ पुलिस के बीच झड़प के घटना सामने आइल। कानून बेवस्था बनवले रखे खातिर कइयन जगह अतिरिक्त पुलिस बल तैनात कइल गइल रहे।

तेजस्वी यादव उठवलें सवाल

ममिला पs राजनीतिक प्रतिक्रिया सामने आइल बा। बिहार विधानसभा में नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव वायरल वीडियो साझा करत सरकार से जवाब मंगलस। ऊ पुलिस कार्रवाई पs सवाल उठावत घटना के निंदा कइलें।

एह घटना के बाद सिवान में सुरक्षा बेवस्था आउर कड़ा कs दिहल गइल बा। प्रशासन के कहनाम बा कि पूरा ममिला के निष्पक्ष जांच हो रहल बा आ जांच रिपोर्ट के आधार पs आगे डेग उठावल जाई।

Read Also: ITR Filing Last Date 2026 : 31 जुलाई से पहिले भर दीं इनकम टैक्स रिटर्न, 4 करोड़ से जादे लोग करा चुकल बा फाइल

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-