BSNL 5G सबसे पहिले एs शहरन में होइ लॉन्च, CMD रॉबर्ट जे रवि कइले कंफर्म

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 25, 2025

जियो, एयरटेल, वोडाफोन आइडिया के बाद सरकारी दूरसंचार कंपनी बीएसएनएल भी 5जी लॉन्च करे के तैयारी कईले बिया। बीएसएनएल के 5जी सेवा एs साल जून से शुरू हो सकता। हाल ही में केंद्रीय टेलीकॉम मिनिस्टर

Share

जियो, एयरटेल, वोडाफोन आइडिया के बाद सरकारी दूरसंचार कंपनी बीएसएनएल भी 5जी लॉन्च करे के तैयारी कईले बिया। बीएसएनएल के 5जी सेवा एs साल जून से शुरू हो सकता। हाल ही में केंद्रीय टेलीकॉम मिनिस्टर ज्योतिरादित्य सिंधिया इs जानकारी देले बाड़े। एकरा संगे बीएसएनएल के सीएमडी रॉबर्ट जे रवि भी 5जी सेवा के संबंध में महत्वपूर्ण जानकारी देले बाड़े। सीएमडी बतवले कि कवना शहर में बीएसएनएल के 5जी सेवा पहिले शुरू कईल जाई।

एकरा के सबसे पहिले एह शहरन में लॉन्च कइल जाई सरकारी दूरसंचार कंपनी के सीएमडी एह बात के पुष्टि कइले बाड़न कि आवे वाला कुछ महीना में चुनिंदा शहरन में बीएसएनएल 5जी सेवा शुरू कइल जाई. ईटी टेलीकॉम के एगो कार्यक्रम में बोलत सीएमडी रॉबर्ट जे रवि कहले कि, हमनी के दिल्ली में नेटवर्क-एज-ए-सर्विस (NaaS) के आधार पs 5जी नेटवर्क शुरू करे जा रहल बानी, हमनी के एकरा के फास्ट ट्रैक करे के बा, एकरा अलावे हमनी के अगिला कुछ महीना में जल्दी से जल्दी कुछ अवुरी शहर में 5जी के रोल आउट करे के बा, इहे हमनी के मकसद बा। 

बता दीं कि पछिला साल बीएसएनएल एगो पायलट प्रोग्राम के तहत दिल्ली में 5जी सेवा के परीक्षण कईले रहे। एकरा खातीर सरकारी दूरसंचार कंपनी देशी विक्रेता के संगे साझेदारी कईले बिया। बीएसएनएल के 5जी सेवा के मुंबई के टाटा कंसल्टेंसी सर्विस (TCS) आ सेंटर फॉर डेवलपमेंट ऑफ टेलीमैटिक्स (C-DoT) मिल के शुरू करी। सी-डॉट अभी बीएसएनएल खातिर 1 लाख नया 4जी मोबाइल टावर लगावे के काम में लागल बा।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.