बिहार: बेगूसराय में डबल मर्डर से कोहराम, पॉलिथीन में पैक मिलल सगे भाइयन के शव, देखके लोगन के कांप गईल रूह

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 22, 2025

बिहार के बेगूसराय में डबल मर्डर के घटना सोझा आईल बा, जवना के चलते हंगामा मच गईल बा। दू भाई के बेरहमी से पीट-पीट के हत्या कs दिहला के बाद हाथ-गोड़ बान्ह के लाश के पॉलीथीन

Share

बेगूसराय में डबल मर्डर से कोहराम

बिहार के बेगूसराय में डबल मर्डर के घटना सोझा आईल बा, जवना के चलते हंगामा मच गईल बा। दू भाई के बेरहमी से पीट-पीट के हत्या कs दिहला के बाद हाथ-गोड़ बान्ह के लाश के पॉलीथीन में पैक कs के खेत में फेंक दिहल गईल, जवना के पुलिस बरामद कs लेले बिया। बरौनी थाना क्षेत्र के अमरपुर गांव के घटना हs। मरेवाला लोग के पहचान तेयाय ओपी क्षेत्र के दादपुर गांव निवासी विपिन कुमार चौधरी के बेटा अमन कुमार (19 साल) अवुरी चमन कुमार (16 साल) के रूप में भईल बा। दुनो के शव के हालत देखला के बाद लोग आतंकित हो गईले। 

खेत में गेहूं काटे गईल मजदूर देखले

सोमार के सांझ के करीब 5 बजे मजदूर जब खेत में गेहूं काटे गईले तs खेत में दुगो पॉलीथीन के थैली देख के उs लोग चौंक गईले। दु अलग-अलग युवक के लाश पॉलीथीन में खेत में फेंकल मिलल। घटना के खबर मिलते नजदीकी इलाका से सैकड़ों लोग मौका पs पहुंचले। आशंका जतावल जाता कि दुनो युवक के बेरहमी से पीट-पीट के हत्या कईला के बाद दुनो युवक के हाथ-गोड़ बांध के लाश के पॉलीथीन में पैक कs के चार पहिया गाड़ी से अर्धनिर्मित वास्तु विहार के पीछे खेत में फेंक दिहल गईल।

एसएसपी जानकारी देले

जानकारी मिलते सिंघौल थाना पुलिस, बरौनी थाना समेत कई थाना के पुलिस मौका पs पहुंच के मामला के छानबीन कईलस। घटना के गंभीरता देख एसपी मनीष भी मौका पs पहुंचले अवुरी खेत से दु युवक के लाश बरामद होखे के सूचना देले। दुनु जने के उमिर करीब 20-25 साल के लउकत बा. आशंका बा कि दुनों के पीट-पीट के हत्यापss दिहल गईल, दुनो के लाश पॉलीथीन में पैक कs के मिलल बा। जांच खातिर एफएसएल टीम के बोलावल जा रहल बा। 

इहो पढ़ीं:सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या करत बा परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.