Bank Holidays List : आज के समय में बैंक से जुड़ल जादेतर काम ऑनलाइन हो जाला। जइसे- केहू के पईसा भेजे के होखे, क्रेडिट कार्ड खातिर आवेदन करे के होखे भा लोन लेवे के होखे। हालांकि, कुछ काम अइसनो बा, जवना खातिर लोगन के बैंक जाये के पड़ेला।
अब सोचीं कि रउआ बैंक पहुंचीं आ पता चले कि बैंक बंद बा, तs परेसानी हो सकेला। अइसन में 11 सितंबर से 13 सितंबर तक बैंक के छुट्टी के इस्थिति के बारे में जानल जरूरी बा। चलीं जानल जावs कि कवन-कवन जगह पs बैंक बंद रही आ कहां बैंक खुलल रही।
का आज दिल्ली में बैंक बंद रही भा खुली?
आज माने 11 सितंबर के दिल्ली में 18वां ब्रिक्स सम्मेलन होखे वाला बा। एकरा के लेके दिल्ली के कइयन गाे इलाका में ट्रैफिक बेवस्था में बदलाव कइल गइल बा।
एह दौरान स्कूल आ कइयन गो सरकारी कार्यालयन के बंद रखल गइल बा। हालांकि, दिल्ली में बैंक बंद रखे के लेके अभी तक कवनो आदेस जारी नइखे भइल। एकरा से 11 सितंबर के दिल्ली में बैंक खुलल रही।
12 सितंबर के कहां-कहां बैंक बंद रही?
12 सितंबर माने महीना के दूसरा सनिचर हs। भारतीय रिजर्व बैंक (RBI) के छुट्टी के लिस्ट के मोताबिक, हर महीना के दूसरा सनिचर के बैंक बंद रहेला। एकरा से 12 सितंबर, सनिचर के देसभर में सरकारी आ निजी दुनु तरे के बैंक बंद रही।
का 11 सितंबर के बैंक खुलल बा?
हां, 11 सितंबर के बैंक खुलल बा। दिल्ली में ब्रिक्स सम्मेलन के चलते स्कूल आ कुछ सरकारी कार्यालय बंद राखल गइल बा, बाकिर बैंक के छुट्टी के कवनो आदेश नइखे जारी भइल।
13 सितंबर के बैंक बंद रही?
हs, 13 सितंबर के बैंक बंद रही। 13 सितंबर के अतवार बा आ अतवार के बैंक के नियमित छुट्टी रहेला।एकरा से 13 सितंबर के देसभर के सरकारी आ निजी बैंक बंद रही। हालांकि, बैंकिंग से जुड़ल बहुत सारा काम मोबाइल बैंकिंग, इंटरनेट बैंकिंग आ एटीएम के माध्यम से कइल जा सकेला।
Read Also: 11 सितंबर 2026 के राशिफल






