ब्राजील में दर्दनाक हादसा, 62 गो लोग के ले जात विमान भइल दुर्घटनाग्रस्त

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 10, 2024

  ब्राजील के विमान दुर्घटना : ब्राजील के साओ पाउलो इलाका के विन्हेडो में एगो यात्री विमान दुर्घटनाग्रस्त हो गइल. एह हादसा में 62 लोग के मउत हो चुकल बा। स्थानीय दमकलकर्मी विन्हेडो शहर में

Share

 

ब्राजील के विमान दुर्घटना : ब्राजील के साओ पाउलो इलाका के विन्हेडो में एगो यात्री विमान दुर्घटनाग्रस्त हो गइल. एह हादसा में 62 लोग के मउत हो चुकल बा। स्थानीय दमकलकर्मी विन्हेडो शहर में विमान दुर्घटनाग्रस्त होखे के पुष्टि कईले अवुरी विमान के आगे से धुआं निकलत रहे। एयरलाइन VoePass एगो बयान जारी कs एह बात के पुष्टि कइले बा कि साओ पाउलो के इंटरनेशनल एयरपोर्ट ग्वारूलहोस खातिर जात ई विमान दुर्घटनाग्रस्त हो गइल. जहाज पs 58 यात्री आ 4 चालक दल के सदस्य रहले। बयान में इs नईखे बतावल गईल कि दुर्घटना के कारण का बा.

बतावल जाता कि विमान दुर्घटना के चलते बहुत घर के नुकसान पहुंचल बा। ब्राजील के राष्ट्रपति लूला डी सिल्वा एह दुर्घटना पs दुख जतवले बाड़न.

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.