Anahat Singh Junior Squash Champion : अनाहत सिंह बनली दुनिया के जूनियर स्क्वैश चैंपियन, ई इतिहास रचे वाली पहिला भारतीय खिलाड़ी

Anahat Singh Becomes First Indian Junior Squash World Champion

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारत के 18 बरिस के स्टार स्क्वैश खिलाड़ी अनाहत सिंह इतिहास रच देली बाड़ी। कनाडा में आयोजित जूनियर स्क्वैश विश्व चैंपियनशिप के फाइनल में अनाहत मिस्र के दूसरका वरीय खिलाड़ी रुकय्या सालेम के लगातार तीन गेम में 11-3, 11-7, 11-9 से हराके विश्व चैंपियन बन गइल बाड़ी। एह जीत के संगे ऊ जूनियर स्क्वैश विश्व चैंपियन बने वाली पहिली भारतीय खिलाड़ी बन गइल बाड़ी।

अनाहत सिंह के ई जीत भारतीय स्क्वैश के इतिहास में सुनहरा अध्याय जोड़ देलस। करीब 21 साल बाद भारत के कवनो खिलाड़ी जूनियर विश्व चैंपियनशिप के फाइनल तक पहुंचल आ अबकि बेर अनाहत ना खाली फाइनल खेलली, बलुक देस खातिर खिताबो जीत लेली। एहरा से पहिले 2005 में जोशना चिनप्पा फाइनल तक पहुंचल रहली, बाकिर खिताब जीते से चूक गइल रहली।

फाइनल में सानदार प्रदर्शन

फाइनल मुकाबला में अनाहत सुरुआत से दबदबा बनवले रहली। उनकर तेज रफ्तार खेल, सटीक शॉट आ आत्मविश्वास के सामने मिस्र के रुकय्या सालेम टिक ना सकली। अनाहत लगातार तीन गेम जीतके मुकाबला अपना नामे कइली आ भारत के पहिला जूनियर विश्व स्क्वैश खिताब दिलवली।

खेल मंत्री मनसुख मांडविया देलें बधाई

अनाहत सिंह के ऐतिहासिक जीत पs केंद्रीय खेल मंत्री मनसुख मांडविया सोशल मीडिया पs बधाई देत कहलें कि भारत खातिर ई गरब के पल बा। उनका मोताबिक, अनाहत के ई उपलब्धि लाखो नवहा खिलाड़ी खातिर प्रेरणा बनी आ भारतीय खेल जगत के नया पहचान दी।

फाइनल से पहिले अनाहत सेमीफाइनल में मिस्र के बार्ब सामेह के 11-3, 8-11, 11-4, 11-6 से हरवले रहली। एकरा पहिले क्वार्टर फाइनल में ऊ हबीबा रिज्क पs जीत दर्ज कइली। पूरा टूर्नामेंट में अनाहत छव गो मुकाबला खेलली आ खाली दूगो गेम हरली, जवन उनकर सानदार प्रदर्शन के सबूत बा।

मिस्र के दबदबा कइली खतम

जूनियर गर्ल्स विश्व स्क्वैश चैंपियनशिप पs 2011 से मिस्र के खिलाड़ी लगातार कब्जा जमवले रहली। बाकिर अनाहत सिंह एह परंपरा के तूड़त नया इतिहास लिख देली। भारत खातिर ई जीत एह कारणन से खास बा कि ऊ मिस्र के मजबूत चुनौती के पार करत विश्व विजेता बनली।

2028 ओलंपिक में बढ़ल उम्मीद

स्क्वैश के 2028 लॉस एंजिल्स ओलंपिक में पहिला बेर सामिल कइल जाई। एकरा खातिर अनाहत सिंह के विश्व खिताब भारत खातिर भविष्य के बड़ संकेत मानल जा रहल बा। विशेषज्ञन के माने के बा कि जदि ऊ एही तरे प्रदर्शन जारी रखिहें, तs ओलंपिक में भारत खातिर पदक जीत सकेली।

भारत के नया स्क्वैश स्टार

पिछिला साल अनाहत जूनियर विश्व चैंपियनशिप में कांस्य पदक जीतके भारत के 15 साल के इंतजार खतम कइले रहली। अब ऊ एक डेग आगे बढ़त विश्व जूनियर चैंपियन बन गइल बाड़ी। एह उपलब्धि से साफ बा कि भारतीय स्क्वैश के भविष्य सुरक्षित हाथ में बा आ अनाहत सिंह आवे वाला सालन में देस के सबसे बड़ खेल सितारा बन सकेली।

Read Also: अनाहत सिंह बनली दुनिया के जूनियर स्क्वैश चैंपियन, ई इतिहास रचे वाली पहिला भारतीय खिलाड़ी

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-