BPSC 71वीं के रिजल्ट सितंबर में आई, AEDO परीक्षा खातिर फेर से खुली आवेदन विंडो

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 25, 2026

पटना। बिहार लोक सेवा आयोग (BPSC) के परीक्षा नियंत्रक राजेश कुमार सिंह बतवले बाड़ें कि BPSC 71वीं संयुक्त प्रतियोगिता परीक्षा के रिजल्ट सितंबर में जारी होखे के संभावना बा। आयोग के ओर से इहो साफ

Share

BPSC के री-एग्जाम आजु

पटना। बिहार लोक सेवा आयोग (BPSC) के परीक्षा नियंत्रक राजेश कुमार सिंह बतवले बाड़ें कि BPSC 71वीं संयुक्त प्रतियोगिता परीक्षा के रिजल्ट सितंबर में जारी होखे के संभावना बा। आयोग के ओर से इहो साफ कइल गइल कि 60 प्रतिशत से जादे अंक देला पs परीक्षकन के रोक देवे के कवनो बेवस्था नइखे।

ओवरमार्किंग आ अंडरमार्किंग पs आयोग के सफाई

परीक्षा नियंत्रक बतवलें कि उत्तरपुस्तिका के मूल्यांकन में ओवरमार्किंग आ अंडरमार्किंग के इस्थिति से निपटे खातिर आयोग के तय प्रक्रिया बा। जदि कवनो अभ्यर्थी के 60 प्रतिशत से जादे अंक मिलेला, तs हेड परीक्षक संबंधित उत्तरपुस्तिका के दोबारा जांच करेला।

58 से 62 प्रतिशत अंक वाला बन सकेला टॉपर

राजेश कुमार सिंह के मोताबिक, टॉपर के 60 प्रतिशत से जादे अंक मिलल बहुत कम देखे के मिलेला। आमतौर पs 58 से 62 प्रतिशत के बीच अंतिम अंक हासिल करे वाला अभ्यर्थी टॉप कs जाला।

हिंदी माध्यम के अभ्यर्थियन पs दिहल गइल जवाब

हिंदी माध्यम के अभ्यर्थियन के कम अंक मिलला के सवाल पs परीक्षा नियंत्रक कहलें कि उत्तरपुस्तिका जांचे वाला परीक्षकन के लगे 15 से 40 साल तक के अनुभव बा। अइसन अनुभवी परीक्षकन के हिंदी भा अंग्रेजी समझे में दिक्कत होखे के बात उचित नइखे।

AEDO परीक्षा दिसंबर-जनवरी में करावे के योजना

आयोग सहायक शिक्षा विकास पदाधिकारी (AEDO) परीक्षा के आयोजन दिसंबर-जनवरी में करावे के तइयारी में बा। अब ई परीक्षा दू चरण में आयोजित होई।

पुरान अभ्यर्थियन के दोबारा आवेदन ना

दू चरण में परीक्षा होखे के चलते आयोग दोबारा आवेदन खातिर विंडो खोली। हालांकि, जे अभ्यर्थी पहिले से आवेदन कs चुकल बा, ओकरा फेर से आवेदन करे के जरूरत ना पड़ी। नया आवेदन विंडो से नया अभ्यर्थी परीक्षा खातिर आवेदन कs सकेला।

Read Also: 25 अगस्त 2026 के राशिफल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.