बंद कमरा में लइका कुल शुरू कइले मउत के खेल, नजारा देख सिहर उठले लोग

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 25, 2025

जहाँ-जहाँ दू-चार गो लइका एकजुट हो जालें, ओह लोग के बदमाशी अपने आप शुरू हो जाला। जबले लइका लोग बदसलूकी ना करी तबले ओह लोग के चैन ना पडेला . कई बेर ऊ लोग खाली

Share

जहाँ-जहाँ दू-चार गो लइका एकजुट हो जालें, ओह लोग के बदमाशी अपने आप शुरू हो जाला। जबले लइका लोग बदसलूकी ना करी तबले ओह लोग के चैन ना पडेला . कई बेर ऊ लोग खाली मस्ती खातिर घातक खेल खेले लागेला. कुछ अइसने नटखट लड़िकन के वीडियो आजुकाल्हु सोशल मीडिया पर वायरल हो रहल बा. जहाँ देखल जा सकेला कि लइका बंद कमरा में मौत के अतना खेल खेलेलें कि देखनिहारन के मन हिला देला.

वीडियो में देखल जा सकता कि बंद कमरा में कुछ लईका मौजूद बाड़े। पहिले फर्श पs पेट्रोल छिड़क के आग लगा देले, धीरे-धीरे आग कमरा में राखल एगो फुटबॉल के पकड़ लेला। फुटबाल में आग लगला के बाद लईका एकरा से खेले लागेले। एकरा संगे कुछ लोग कमरा में पटाखा जरावत भी देखाई देतारे। पटाखा जरला के चलते लईका इहाँ-उहाँ कूदे लागेले। लड़िका डेराए के बजाय एह पल के खूब मजा ले रहल बाड़े। मस्ती के कमी ना होखे एकरा खातीर लईका कमरा के भीतर बहुत पटाखा जरा देले .

वीडियो पs लोग आपन प्रतिक्रिया देले

ई वीडियो इंस्टाग्राम पs @sarcamax नाम के एगो अकाउंट से शेयर कइल गइल बा। जवना के अब तक लाखों लोग देखले बा अवुरी हजारों लोग पसंद कईले बाड़े। वीडियो पs लोग भी कमेंट कईले बाड़े। एह वीडियो पss कमेंट करत एगो यूजर लिखले कि – एही चलते महिला पुरुष से जादे दिन जिएले। एगो अउरी लिखले बा कि मौत के नाम पs नंगा नाचत बाड़े। तीसरा लिखले – मलिकार, लइका हउवन, जबले खेल में खतरा ना होखे तबले ना खेलेलें. 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या करत बा परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.