Bomb Threat: दिल्ली के कई गो अस्पतालन के मिलल बम से उड़ावे के धमकी, जांच खातिर OPD के मरीजन के निकालल गइल बहरी

By Anurag Ranjan

Published on: May 14, 2024

Delhi Bomb Threat दिल्ली के कई गो अस्पतालन के फेर से बम के धमकी के ईमेल मिलल बा। एकरा के लेके  अस्पताल प्रशासन अलर्ट हो गइल बा। दिल्ली राज्य कैंसर संस्थान में जांच खातिर ओपीडी

Share

Delhi Bomb Threat दिल्ली के कई गो अस्पतालन के फेर से बम के धमकी के ईमेल मिलल बा। एकरा के लेके  अस्पताल प्रशासन अलर्ट हो गइल बा। दिल्ली राज्य कैंसर संस्थान में जांच खातिर ओपीडी के मरीजन के तनी देर खातिर बाहर निकालल गइल बा। एहतियात के तौर पs अस्पताल परिसर में संदिग्ध वस्तु के तलाश कइल जा रहल बा।

नई दिल्ली। राजधानी दिल्ली के अस्पतालन के 33 घंटा 15 मिनट बाद दूसरका बेर मेल के जरिये बम से उड़ावे के धमकी मिलल बा। पहिला बेर मेल ऐतवार के दूपहरिया तीन बज के चार मिनट पs मिलल रहे। दूसरका बेर मेल सोमार के रात के 12 बजकर 19 मिनट पs मिलल बा।

दिल्ली राज्य कैंसर संस्थान में मंगर के ओपीडी में पहुंचल मरीजन के सुरक्षा जांच के लिहाज से बहरी रोक दिहल गइल बा। अबकी  तिहाड़ जेल के महानिदेशको के मेल कइल गइल बा।

एहतियात के तौर पs अस्पताल परिसर में संदिग्ध वस्तु के तलाश कइल जा रहल बा। जानकारी के मोताबिक, अस्पतालन के बम से उड़ावे के धमकी के ईमेल सोमार देर रात 12:19 पs आइल बा। अबकी बेर मेल आईडी दोसर (courtisgod123@beeble.com) बा।

जानकारी के मोताबिक, दिल्ली के दीप चंद बंधु अस्पताल, जीटीबी अस्पताल, दादा देव अस्पताल, हेडगेवार अस्पताल आ आउर कई गो अस्पतालन में बम के धमकी वाला ईमेल प्राप्त भइल बा। मामला में तलाशी अभियान जारी बा। दिल्ली अग्निशमन सेवा एकर जानकारी देलस।

एकरा पहिले 12 मई के दिल्ली के कई अस्पतालन के बम से उड़ावे के धमकी मिलल रहे। एह संबंध में अस्पतालन के ईमेल आइल रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.