दिल्ली में फेर बम के धमकी: एंबिएंस, चाणक्य समेत कई गो शॉपिंग मॉल में आइल मेल, लिखल- कुछ घंटा में विस्फोटक फाटी 

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 20, 2024

दिल्ली पुलिस के कहनाम बा कि राष्ट्रीय राजधानी के अलग अलग शॉपिंग मॉल के मंगर के दिने बम के धमकी के मेल मिलल बा। दिल्ली पुलिस के मुताबिक चाणक्य मॉल, सिलेक्ट सिटीवॉक, एम्बिएंस मॉल, डीएलएफ,

Share

दिल्ली पुलिस के कहनाम बा कि राष्ट्रीय राजधानी के अलग अलग शॉपिंग मॉल के मंगर के दिने बम के धमकी के मेल मिलल बा। दिल्ली पुलिस के मुताबिक चाणक्य मॉल, सिलेक्ट सिटीवॉक, एम्बिएंस मॉल, डीएलएफ, सिने पोलिस, पैसिफिक मॉल, प्राइमस अस्पताल आ यूनिटी ग्रुप के धमकी के मेल मिलल बा। जवना में कहल गइल रहे कि, ‘विस्फोटक कुछ घंटा में फाट जाई।’

दिल्ली पुलिस के कहनाम बा कि, जइसही मेल उनका नज़र में आइल, मॉल के अधिकारी दिल्ली पुलिस के सूचना देले। जानकारी मिलला के तुरंत बाद दिल्ली पुलिस जांच शुरू कऽ देलस। बम निपटान दस्ता अउरी फायर ब्रिगेड मौका पs पहुंच गइल बा। अबही ले कवनो बम नइखे मिलल।

12 मई के कोर्ट ग्रुप नाम के आरोपी एही तरह दिल्ली के बहुत बड़ अस्पताल के ईमेल कऽ के धमकी देले रहें। एही तरे पहिले दिल्ली एनसीआर के 200 से अधिका स्कूलन के बम के धमकी दिहल गइल रहे। मामला के जांच अबहियो जारी रहे। अब मंगर के दिने फेर से अइसने धमकी जारी भइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.