Gorakhpur News: गीडा के एह फैक्ट्री में फटल बॉयलर, आठ मजदूर घायल-तीन के हालत गंभीर

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 24, 2025

साँझ करीब साढ़े पाँच बजे गिडा के एगो कारखाना में बॉयलर फटला से आठ मजदूर घवाहिल हो गइले. एहमें से तीन गो के हालत गंभीर बतावल जात बा. सभे घाही के इलाज खातीर एम्बुलेंस से

Share

गीडा के एह फैक्ट्री में फटल बॉयलर

साँझ करीब साढ़े पाँच बजे गिडा के एगो कारखाना में बॉयलर फटला से आठ मजदूर घवाहिल हो गइले. एहमें से तीन गो के हालत गंभीर बतावल जात बा. सभे घाही के इलाज खातीर एम्बुलेंस से मेडिकल कॉलेज में भर्ती करावल गईल बा।  मौका पs अधिकारी के टीम भी मौजूद बा।

बतावल जाता कि इs घटना सांझ के आसपास भईल, जब मजदूर फैक्ट्री के भीतर काम करत रहले। एही बीच अचानक बॉयलर फटला के चलते भारी विस्फोट हो गईल, जवना के चलते फैक्ट्री के दीवार में दरार पड़ गईल अवुरी आवाज़ दूर-दूर ले सुनाई देलस। एकरा संपर्क में अईला के बाद 6 लोग घायल हो गईले।

मजदूर तुरंत राहत के काम कईले अवुरी पुलिस के घटना के जानकारी देले। विशेषज्ञ लोग के मुताबिक, बॉयलर के कई कारण से विस्फोट हो सकता, जईसे कि बॉयलर के बोल्ट ढीला, बॉयलर में पानी के स्तर कम, सुरक्षा वाल्व फंसल, चाहे बॉयलर के जादा गरम होखल।

दुर्घटना के बाद भी एs कारण के जांच होई कि बॉयलर विस्फोट के पीछे के कारण हो सकत रहे? एकरे साथ ही फैक्ट्री में बॉयलर चलावे खातिर कुछ सुरक्षा नियम भी बाड़ें, जइसे कि बॉयलर के नियमित रखरखाव, सुरक्षा वाल्व के जांच, आ बॉयलर के आसपास सुरक्षा बाड़े। बतावल जा रहल बा कि प्रशासनिक टीम भी एकर जाँच कs सकेले।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: करीं इs 3 गो योगासन, तेजी से बढ़े लागी रुकल हाइट

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.