मुंबई के लगे अलीबाग में एगो नाव में लागल आग, 18 लोगन के बचावल गइल

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 28, 2025

महाराष्ट्र के अलीबाग के समीप समुद्र में नाव में आग लाग गईल।  ई नाव मछरी मारे खातिर इस्तेमाल होला। नाव में सवार 18 लोग के बचावल गईल बा। कहल जाला कि ई नाव मछरी मारे

Share

महाराष्ट्र के अलीबाग के समीप समुद्र में नाव में आग लाग गईल

महाराष्ट्र के अलीबाग के समीप समुद्र में नाव में आग लाग गईल।  ई नाव मछरी मारे खातिर इस्तेमाल होला। नाव में सवार 18 लोग के बचावल गईल बा। कहल जाला कि ई नाव मछरी मारे के मकसद से समुंदर में निकलल रहे।  बाकिर शार्ट सर्किट के चलते नाव में अचानक आग लाग गईल।  कुछ ही समय में आग के विशाल रूप हो गईल।  स्थानीय लोग के मदद से नाव के किनारे ले आके आग पर काबू पा लिहल गईल।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: फरवरी में सुरू करीं इs 3 गो योगा, मार्च ले खुद के दीं फिटनेस आ एनर्जी के स्पेशल गिफ्ट

बतावल जाता कि नाव में करीब 18 लोग रहले।  नाव में मौजूद सभ लोग के सुरक्षित बचा लिहल गईल बा।  ई नाव अलीबाग के लगे स्थित साखर गांव के मारुति गण के रहे।  एह नाव के माध्यम से समुद्र में मछरी पकड़ल गईल।  बाकिर इs नाव दुर्घटना के शिकार हो गईल।  आग में नाव के 80 प्रतिशत हिस्सा तबाह हो गईल।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ एs शक्तिपीठ पs देवी के गोद भराई से होला संतान के प्राप्ति, माता ‘सप्तश्रृंगी देवी मंदिर’

Tags:

, ,

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.