Black Hand Treatment: हाथ के करियापन दूर करे खातिर इ कारगर घरेलू उपाय आजमाईं

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 13, 2023

Black Hand Treatment: हाथ के करियापन दूर करे खातिर इ कारगर घरेलू उपाय आजमाईं आज हम रउआ खातिर चीनी स्क्रब लेके आइल बानी। डार्क आर्म्स स्क्रब चीनी अउरी नींबू के मदद से बनावल जाला। नींबू

Share

Black Hand Treatment: हाथ के करियापन दूर करे खातिर इ कारगर घरेलू उपाय आजमाईं

आज हम रउआ खातिर चीनी स्क्रब लेके आइल बानी। डार्क आर्म्स स्क्रब चीनी अउरी नींबू के मदद से बनावल जाला। नींबू में ब्लीचिंग एजेंट होला जवन कि आपके त्वचा के रंग में सुधार करेला।

सभे अपना चेहरा के बहुत ध्यान राखेला कि उ सुंदर देखाई देवे। लेकिन शरीर के बहुत अंग के देखभाल पे ध्यान ना देवेला। राउर बाँहि ओहमें से एगो बा,एही से आपके बांह करिया देखाई देवे लागेला, जवना के चलते एकर असर आपके व्यक्तित्व पi पड़ेला। अइसना में आज हम रउआ खातिर चीनी स्क्रब लेके आइल बानी। डार्क आर्म्स स्क्रब चीनी अवुरी नींबू के मदद से बनावल जाला। नींबू में ब्लीचिंग एजेंट होखेला जवन कि आपके त्वचा के रंग में सुधार करेला। दूसर ओर चीनी मरल त्वचा के हटावे में मदद करेला। एकरा संगे-संगे इ टैनिंग के हटावे में भी मदद करेला, जवना से आपके बांह के रंग में सुधार होला, एहसे आईं चीनी के स्क्रब कईसे बनावल जाला।

चीनी स्क्रब बनावे में जवन सामग्री के जरूरत होला-

•पहिला तरीका 

एकरा खातिर नींबू के टुकड़ा पे चीनी लगाई।

एकरा बाद रउआ एकरा के लगभग 7-10 मिनट तक हाथ पे लगा के स्क्रब करीं।

एकरा बाद गुनगुना पानी से हाथ धो के साफ करीं।

एकरा बाद हाथ पे मॉइस्चराइजिंग क्रीम लगावल मत भूलीं।

बेहतरीन रिजल्ट खातिर रउआ एकर इस्तेमाल हफ्ता में 3-4 बेर कर सकेनी|

 

•दूसरका तरीका 

• एकरा खातिर चीनी आ नींबू के रस एगो कटोरी में डाल दीं।

• एकरा बाद रउआ स्क्रब के मिला के तैयार करीं।

•एकरा बाद एकरा के हाथ पे लगा के करीब 7-10 मिनट तक स्क्रब करीं।

• ओकरा बाद गुनगुना पानी से हाथ धो के साफ करीं।

• एकरा बाद हाथ पे मॉइस्चराइजिंग क्रीम जरूर लगाई।

• बेहतरीन रिजल्ट खातिर रउआ एकर इस्तेमाल हफ्ता में 3-4 बेर कर सकेनी।

 

 

(अस्वीकरण: इहाँ दिहल जानकारी घरेलू उपाय अउरी सामान्य जानकारी पे आधारित बा। एकरा के अपनावे से पहिले मेडिकल सलाह लेवे के होई। खबर भोजपुरी एकर पुष्टि नईखे करत।)

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.