भाजपा के शासन हिटलर-स्टालिनो से बदतर, संघीय ढांचा के ध्वस्त कs रहल बा केंद्र: ममता बनर्जी

By Anurag Ranjan

Published on: May 23, 2022

पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी (Mamata Banerjee) केंद्र सरकार पs राज्य के ममिलन में हस्तक्षेप करे ला केंद्रीय एजेंसियन के इस्तेमाल करे के आरोप लगवली। ममता बनर्जी सोमार के कहली कि भारतीय जनता पार्टी

Share

पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी (Mamata Banerjee) केंद्र सरकार पs राज्य के ममिलन में हस्तक्षेप करे ला केंद्रीय एजेंसियन के इस्तेमाल करे के आरोप लगवली। ममता बनर्जी सोमार के कहली कि भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के नेतृत्व वाली सरकार देश के संघीय ढांचा के ध्वस्त कs रहल बिया।

केंद्रीय एजेंसियन के दिहल जाव ‘स्वायत्तता’

मुख्यमंत्री ममता बनर्जी सोमार के राज्य सचिवालय में कैबिनेट बइठक के बाद संवाददाता सम्मेलन के संबोधित करत कहली कि भाजपा के शासन एडोल्फ हिटलर, जोसेफ स्टालिन आ बेनिटो मुसोलिनी से बेसी बदतर बा। ऊ कली कि लोकतंत्र के रक्षा ला केंद्रीय एजेंसियों के ‘स्वायत्तता’ दिहल जाए के चाहीं।

देश के संघीय ढांचा के ध्वस्त कs रहल बिया भाजपा- ममता बनर्जी

ऊ कहली कि भाजपा के नेतृत्व वाली केंद्र सरकार राज्य के ममिलन में हस्तक्षेप करे ला केंद्रीय एजेंसियों के इस्तेमाल कs रहल बिया। ऊ देश के संघीय ढांचा के ध्वस्त करत बिया। उहां तुगलकी शासन लागू बा। ऊ कहली कि देश एजेंसियन के शासन कावर बढ़ रहल बा। केंद्रीय जांच एजेंसी दु लोग के निरदेस पs काम करत बाड़ी सs।

भाजपा के आदेश पs काम कर रहल बाड़ी सs केंद्रीय एजेंसी

ममता बनर्जी कहली कि केंद्रीय एजेंसी भाजपा के आदेश मान रहल बाड़ी सs। केंद्र के एजेंसियन के राज्य के मामलन में हस्तक्षेप ना करे के चाहीं। केंद्र के एह एजेंसियन के स्वायत्तता ला काम करे के चाहीं। केंद्र के खाली एजेंसी के कर्मचारियन के भुगतान करे के चाहीं। कामकाज में दखल बन करे के चाहीं।

लालू के घर सहित आउर जगहन पs छापेमारी पs उठवली सवाल

मुख्यमंत्री ममता बनर्जी ने एह दौरान लालू प्रसाद यादव के घरे पडल छापा के प्रसंग उठवली। ऊ संवाददाता सम्मेलन में बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री लालू प्रसाद यादव के घर पs भइल छापेमारी के घटना पs कहली कि लालू प्रसाद हाले में जेल से छूटल बाड़े।एकरा बादो उनका आवास पs सीबीआई के छापेमारी भइल। ई राजनीतिक बदला ना तs आउर का हs। केंद्र सरकार विपक्षी पार्टी के नेता लो के खिलाफ केंद्रीय जांच एजेंसी के दुरुपयोग करत बिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.