गोरखपुर में 29 मई के होई भाजपा के रोड शो, सीएम योगी संगे ई दिग्‍गज नेता करिहें अगुवाई

By Anurag Ranjan

Published on: May 22, 2024

सदर लोकसभा क्षेत्र में चुनाव प्रचार थमला से एक दिन पहिले माने 29 मई के आयोजित होखे वाला भाजपा के राेड शो में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के संगे केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह चुनावी रथ पs

Share

सदर लोकसभा क्षेत्र में चुनाव प्रचार थमला से एक दिन पहिले माने 29 मई के आयोजित होखे वाला भाजपा के राेड शो में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के संगे केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह चुनावी रथ पs सवार रहिहें।

एह रोड शो में मुख्यमंत्री के रहे के कार्यक्रम पहिले से तय रहे, अब गृहमंत्री के मवजूदगी के कार्यक्रम बन गइल बा। जानकारी मिलला के बाद महानगर आ जिला के टीम रोड शो के रूट चार्ट तय करे में जुट गइल बिया।

भाजपा प्रत्याशी रवि किशन के पक्ष में मतदान खातिर आयोजित होखे वाला एह रोड शो के परंपरागत रूप से टाउनहाल चौराहा से सुरू होखे के संभावना बा। लोकसभा के पिछला चुनाव में रवि किशन खातिर भाजपा के ओर से निकालल गइल रोड शो में मुख्यमंत्री योगी के संगे अमित शाह सामिल रहस।

भीड़ के माध्यम से शो के ऐतिहासिक बनावे के कवायद में भाजपा के टीम जुट गइल बिया। एकरा खातिर पदाधिकारी से लेके कार्यकर्ता तक सहेजल जा रहल बा लो।

ओने देवरिया में होखे वाला प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के कार्यक्रम में बदलाव कइल गइल बा। पहिले उनकर जनसभा देवरिया में 27 मई के होखे वाला रहे, अब ऊ 26 मई के होई। नया स्थान देवरिया जिले के रुद्रपुर होई।

एह जनसभा के माध्यम से देवरिया आ बांसगांव संसदीय क्षेत्र के साधे के भाजपा के तइयारी बा। रुद्रपुर विधानसभा क्षेत्र बांसगांव लोकसभा क्षेत्र के हिस्सा बा।

प्रधानमंत्री के जनसभा के मंच पs देवरिया संसदीय क्षेत्र से भाजपा के प्रत्याशी शशांक मणि त्रिपाठी आ बांसगांव संसदीय क्षेत्र के प्रत्याशी कमलेश पासवान के रहे के जानकारी भाजपा से मिल रहल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.