BJP: भाजपा उपचुनावन खातिर जारी कइलस उम्मीदवारन के सूची, वायनाड से प्रियंका के खिलाफ नाव्या मैदान में

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 19, 2024

वायनाड के लोकसभा उपचुनाव खातिर भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) नाव्या हरिदास के मैदान में उतरले बिया, जहां उनकर मुकाबला कांग्रेस नेता प्रियंका गांधी वाड्रा से होई। पार्टी असम, बिहार, छत्तीसगढ़, कर्नाटक, केरल, मध्य प्रदेश, राजस्थान

Share

नाव्या हरिदास - फोटो : फेसबुक/नाव्या हरिदास

वायनाड के लोकसभा उपचुनाव खातिर भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) नाव्या हरिदास के मैदान में उतरले बिया, जहां उनकर मुकाबला कांग्रेस नेता प्रियंका गांधी वाड्रा से होई।

पार्टी असम, बिहार, छत्तीसगढ़, कर्नाटक, केरल, मध्य प्रदेश, राजस्थान आ पश्चिम बंगाल के विधानसभा उप चुनावन खातिर उम्मीदवारन के सूची जारी कइलस।

असम के विधानसभा उपचुनाव में भाजपा ढोलाई (अनुसूचित जाति) सीट से निहार रंजन दास, बेहाली सीट से दिंगता घाटोवर आ समागुरी सीट से दीप्लु रंजन शर्मा के उम्मीदवार बनवले बिया। जबकि बिहार के उपचुनाव में तरारी सीट से विशाल प्रशांत आ रामगढ़ सीट से अशोक कुमार सिंह के उम्मीदवार बनवले बिया। छत्तीसगढ़ के उपचुनाव में रायपुर शहर दक्षिण सीट से सुनील सोनी के उम्मीदवार बनावल गइल बा।

ओहिजा, दक्षिण राज्य कर्नाटक के उपचुनाव में पार्टी शिग्गांव से भरत बसवराज बोम्मई आ संदूर (अनुसूचित जनजाति) सीट से बंगारू हनुमंतु के उम्मीदवार बनवले बिया। केरल के उपचुनाव में पार्टी पलक्कड़ सीट से सी कृष्णकुमार आ चेलक्कारा (अनुसूचित जाति) सीट से के बालकृष्णन के उम्मीदवार बनवले बिया। जबकि, मध्य प्रदेश के उपचुनाव में भाजपा विजयपुर सीट से रामनिवास रावत आ बुधनी सीट से रमाकांत भार्गव के उम्मीदवार बनवले बिया। रमाकांत भार्गव 2019 लोकसभा चुनाव में विदिशा सीट से सांसद चुनल गइल रहस। राजस्थान के झुंझुनू सीट पs राजेंद्र भांबू आ रामगढ़ सीट पs सुखवंत सिंह के उम्मीदवार बनावल गइल बा।

 

राजस्थान के दौसा सीट से जगमनोहन मीणा, देवली उनियारा से राजेंद्र गुर्जर, खींवसर से रेवंत राम डांगा, सलूंबर (अनुसूचित जनजाति) से शांता देवी मीणा के भाजपा उम्मीदवार बनवले बिया। ओहिजा, पश्चिम बंगाल के सिताई सीट (अनुसूचित जाति) से दीपक कुमार रॉय, मदारीहाट (अनुसूचित जनजाति) से राहुल लोहार, नैहाटी से रूपक मिश्रा, हरोआ से बिमल दास, मेदिनीपुर से सुभजित रॉय, तालडांगरा से अनन्या रॉय चक्रवर्ती के उम्मीदवार बनावल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.