BJP: भाजपा शासित राज्य के सीएम से पीएम मोदी के मुलाकात, नड्डा-शाह भी मौजूद

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 28, 2024

केंद्रीय बजट के प्रस्तुति के देखत ई बैठक हो रहल बा। जवना में विपक्ष केंद्र सरकार पs आरोप लगवले बा कि ऊ बिहार आ आंध्र प्रदेश के छोड़ के बाकी सब राज्य के अनदेखी करतिया।

Share

केंद्रीय बजट के प्रस्तुति के देखत ई बैठक हो रहल बा। जवना में विपक्ष केंद्र सरकार पs आरोप लगवले बा कि ऊ बिहार आ आंध्र प्रदेश के छोड़ के बाकी सब राज्य के अनदेखी करतिया। लोकसभा चुनाव के बाद ई पहिला बइठक बा। लोकसभा चुनाव में भाजपा के प्रदर्शन निराशाजनक रहल, काहे कि संसद के निचला सदन में पार्टी आपन बहुमत गँवा दिहलस।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी शनिवार के भाजपा शासित राज्य के मुख्यमंत्री आ उपमुख्यमंत्री से कई मुद्दा पs चर्चा कइले। रविवार के भी पीएम मोदी मुख्यमंत्री आ उपमुख्यमंत्री के संगे मुलाकात कइले। एह बइठक में केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह, रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह आ भाजपा प्रमुख जेपी नड्डा भी शामिल भइले।

केंद्रीय बजट के प्रस्तुति के देखत ई बैठक हो रहल बा। जवना में विपक्ष केंद्र सरकार पs आरोप लगवले बा कि ऊ बिहार आ आंध्र प्रदेश के छोड़ के बाकी सब राज्य के अनदेखी करतिया। लोकसभा चुनाव के बाद ई पहिला बइठक बा। लोकसभा चुनाव में भाजपा के प्रदर्शन निराशाजनक रहल, काहे कि संसद के निचला सदन में पार्टी आपन बहुमत गँवा दिहलस।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.