Bihar Election : बीजेपी धर्मेंद्र प्रधान के बनवलस बिहार चुनाव प्रभारी, यूपी के डिप्टी सीएम केशव मौर्य के मिलल ई अहम जिम्मेदारी

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 25, 2025

नई दिल्ली। बिहार विधानसभा चुनाव अक्टूब में घोसित होखे वाला बा। एह चलते राजनीतिक दल अब पूरा तइयारी में जुट गइल बाड़ी  सs। भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) केंद्रीय मंत्री धर्मेंद्र प्रधान के बिहार चुनाव प्रभारी

Share

नई दिल्ली। बिहार विधानसभा चुनाव अक्टूब में घोसित होखे वाला बा। एह चलते राजनीतिक दल अब पूरा तइयारी में जुट गइल बाड़ी  सs। भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) केंद्रीय मंत्री धर्मेंद्र प्रधान के बिहार चुनाव प्रभारी बनावे के एलान कइले बिया। एकरा अलावे यूपी के डिप्टी सीएम केशव प्रसाद मौर्य आ सीआर पाटिल के सह-प्रभारी के जिम्मेदारी मिलल बा।

अउरियो राज्यन में प्रभारी बनलें नेता

खाली बिहारे ना, बलुक अगिला साल होखे वाला पश्चिम बंगाल आ तमिलनाडु विधानसभा चुनाव खातिर बीजेपी चुनाव प्रभारी नियुक्त कइलस।

पश्चिम बंगाल खातिर केंद्रीय मंत्री भूपेंद्र यादव के प्रभारी आ बिप्लब कुमार देब के सह-प्रभारी बनावल गइल बा। तमिलनाडु चुनाव खातिर बैजयंत पांडा प्रभारी आ मुरलीधर मोहोल बिहार चुनाव सह-प्रभारी नियुक्त भइल बा लोग।

बीजेपी जारी कइलस पत्र

एह नियुक्तियन के जानकारी बीजेपी के राष्ट्रीय महासचिव अरुण सिंह के तरफ से जारी पत्र में भइल। पत्र पs अरुण सिंह के हस्ताक्षर बा आ एह में साफ लिखल बा कि राष्ट्रीय अध्यक्ष जेपी नड्डा के निर्णय अनुसार ई जिम्मेदारी तत्काल प्रभाव से लागू हो गइल बा।

अक्टूबर में होई तारीखन के एलान

जानकारी के मोताबिक, बिहार विधानसभा चुनाव नवंबर में हो सकेला। चुनाव आयोग 6 अक्टूबर के बाद कबो तारीखन के एलान कs सकेला। बिहार में एनडीए आ महागठबंधन के बीच सीधा मुकाबला होखे के आसार बा।

Read Also: Gorakhpur News : डीएवी पीजी कॉलेज में एनएसएस स्थापना दिवस पs धूम, चित्रकला आ सांस्कृतिक कार्यक्रम से सजल रहल कार्यक्रम

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.