आरोप: मनोज तिवारी पs FIR दर्ज करइहें सिसोदिया, बोललें- रचल जा रहल बा केजरीवाल के हत्या के साजिश

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 25, 2022

निगम चुनाव के बीच आम आदमी पार्टी (आप) भाजपा पs बड़ हमला बोलले बिया। उपमुख्यमंत्री मनीष सिसोदिया के आरोप बा कि गुजरात आ एमसीडी में हार के अहसास होखला पs भाजपा मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के

Share

निगम चुनाव के बीच आम आदमी पार्टी (आप) भाजपा पs बड़ हमला बोलले बिया। उपमुख्यमंत्री मनीष सिसोदिया के आरोप बा कि गुजरात आ एमसीडी में हार के अहसास होखला पs भाजपा मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के हत्या करा सकत बिया। सिसोदिया के आरोप बा कि पूर्व प्रदेश अध्यक्ष आ सांसद मनोज तिवारी एकर धमकी दे रहल बाड़ें। संगही चेतावनियो देले बिया कि मुख्यमंत्री के संगे अगर कवनो अप्रिय घटना होत बा तs भाजपा जिम्मेदार होई।

एकरा पहिले भाजपा सांसद मनोज तिवारी ट्वीट कस के कहलें, ‘अरविंद केजरीवाल जी के सुरक्षा के लेके हम चिंतित बानी। काहेकि लगातार भ्रष्टाचार, टिकट बिक्री आ जेल में दुराचार के आरोपी से दोस्ती आ मसाज प्रकरण के लेके आप कार्यकर्ता आ जनता गुस्सा में बा। इनकए एमएएल पिटाइलो बा लो, एहिसे दिल्ली के सीएम के संगे अइसन ना होखे.. सजा न्यायालये देवे।’
एकरा बाद मनीष सिसोदिया बियफे के रात बयान जारी कs के कहलें कि गुजरात आ दिल्ली एमसीडी चुनाव में आप के मिल रहल जन समर्थन से भाजपा बुरा तरे से बौखला गइल बिया। तबे भाजपा नेता भारी बहुमत से चुनल मुख्यमंत्री आ दु राज्यन में सरकार चला रहल पार्टी के राष्ट्रीय संयोजक अरविंद केजरीवाल के हत्या के धमकी दे रहल बाड़ें। एसे स्पष्ट हो गइल बा कि भाजपा के लोकतंत्र में भरोसा नइखे रह गइल।
मनीष सिसोदिया के मोताबिक, एमसीडी आ गुजरात के चुनाव में भाजपा बुरा तरे से हार रहल बिया। 15 साल से एमसीडी पs काबिज भाजपा के अब यकीन हो गइल बा कि अबकी बेर एमसीडीयो में केजरीवाल के सरकार बन रहल बिया आ भाजपा के दिल्ली के जनता बाहर निकाल फेंकला खातिर वोटिंग के दिन के बेसब्री से इंतजार कर रहल बिया। ओहिजा, गुजरातो में आम आदमी पार्टी के जनता के खूब प्यार आ समर्थन मिल रहल बा।

आप बोलल, गाली-गलौज से जान लेवे तक पहुंच गइल भाजपाई

आप के आरोप बा कि भाजपा वाला पहिले गाली-गलौज करत रहे लो, बाकिर अब ई लोग जान से मारे के धमकियो देवे लगे जदि कवनो घटना होत बा तS एकरा खातिर सीधे तौर पS भाजपा जिम्मेदार होई। धमकी के जवाब अब दिल्ली आ  गुजरात के जनते दी।

गुजरात के नेता पs भाजपा कइलस हमला

आप के कहनाम बा कि गुजरात के वरिष्ठ नेता मनोज सोहरठिया पs भाजपा कार्यकर्ता लोग जानलेवा हमला कइले रहे।  आप गुजरात के सीएम पद के चेहरा इसुदान गढ़वीयो के भाजपा कार्यकर्ता लोग से डंडा मारके घायल कइले रहे लो। एही  तरे आम आदमी पार्टी के कइयान गो आउर कार्यकर्ता के ससाथे भाजपा के कार्यकर्ता गाली गलौज आ मारपीट कs चुकल बा लो।

आप कार्यकर्ता लोगन के आक्रमकता के देखत सीएम के सुरक्षा जरूरी : तिवारी

उपमुख्यमंत्री के बयान अइला के बाद सांसद मनोज तिवारी कहलें कि आप कार्यकर्ता आत्महत्या कs रहल बा लो आ एह मनोस्थिति तक पहुंचे वाला लोग कुछुओ कs सकत बा लो। एहिसे अरविंद केजरीवाल के सुरक्षा बहुते जरूरी बा। हम राजनीति ना, कार्यकर्ता लोगन के निराशा आ आक्रामकता के देखत उनका रक्षा के मांग कर रहल बानी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.