Lok Sabha Election: गोरखपुर-बस्ती के नौ लोकसभा सीटन पs भाजपा आठ प्रत्याशी उतरलस, जानीं के कहां से लड़ी

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 3, 2024

लोकसभा चुनाव के लेके भाजपा आपन पहिला लिस्ट जारी कs देले बिया। गोरखपुर आ बस्ती की लोकसभा के कुल नौ सीटन पs आठ प्रत्याशी उतार देले बा। लोकसभा सीट से सांसद रवि किशन, बांसगांव से

Share

लोकसभा चुनाव के लेके भाजपा आपन पहिला लिस्ट जारी कs देले बिया। गोरखपुर आ बस्ती की लोकसभा के कुल नौ सीटन पs आठ प्रत्याशी उतार देले बा। लोकसभा सीट से सांसद रवि किशन, बांसगांव से कमलेश पासवान, सलेममपुर से रविद्र कुशवाहा, महाराजगंज से सांसद आ वित्त मंत्री पंकज चौधरी, बस्ती से हरीश द्विवेदी, संत कबीर नगर से प्रवीण निषाद, कुशीनगर से विजय दूबे, डुमरियागंज से जगदंबिका पाल के टिकट दिहल गइल बा। भाजपा कमलेश पासवान पs चउथा बेर, बस्ती आ सलेमपुर से लगातार तीसरका बेर एके चेहरा पs, जबकि आउर जगहन पs दूसरका बेर प्रत्याशी पs दांव अजमवले बा। महाराजगंज में पंकज चौधरी पs सातवां बेर केंद्रीय नेतृत्व भरोसा जतवले बा।

चुनाव खातिर पहिला फेस में केंद्र के ओर से लिस्ट सामने आइल बा। 16 राज्य आ दु केंद्र शासित प्रदेश में से 195 सीट के निर्णय भइल। एमे उत्तर प्रदेश से 50 उम्मीदवारन के नाम के घोषणा कइल गइल बा। एमे वाराणसी से पीएम नरेंद्र मोदी चुनाव लड़िहें। भाजपा के पहिला सूची में मातृ शक्ति के धेयान में रखत 28 महिला लोगन के मवका दिहल गइल बा।

1. महाराजगंज- पंकज चौधरी

केंद्रीय वित्त राज्यमंत्री पंकज चौधरी। - फोटो : MAHARAJGANJ
केंद्रीय वित्त राज्यमंत्री पंकज चौधरी। – फोटो : MAHARAJGANJ

 

2. बस्ती- हरीश द्विवेदी 

सांसद हरीश द्विवेदी - BASTI

सांसद हरीश द्विवेदी – BASTI

3. संतकबीरनगर- प्रवीण निषाद

सांसद प्रवीण निषाद - SANT KABIR NAGAR
सांसद प्रवीण निषाद – SANT KABIR NAGAR

 

4. कुशीनगर – विजय कुमार दूबे

कुशीनगर के सांसद विजय कुमार दूबे -  KUSHINAGAR
कुशीनगर के सांसद विजय कुमार दूबे – KUSHINAGAR

 

5. सलेमपुर -रविद्र कुशवाहा

सलेमेपुर -रविद्र कुशवाहा
सलेमपुर -रविद्र कुशवाहा

 

6. डुमरियागंज – जगदंबिका पाल सिंह 

डुमरियागंज - जगदंबिका पाल सिंह 
डुमरियागंज – जगदंबिका पाल सिंह

 

7. बासगांव – कमलेश पासवान

बासगांव - कमलेश पासवान
बासगांव – कमलेश पासवान

 

8. गोरखपुर – रवि किशन

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.