UP Vidhan parishad: विधान परिषद चुनाव खातिर भाजपा घोषित कइलस प्रत्याशी, सात उम्मीदवार उतरलस

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 9, 2024

भाजपा यूपी में होखे वाला विधान परिषद चुनाव खातिर प्रत्याशियन के घोषणा कs देले बिया। पार्टी प्रदीप उपाध्यक्ष, विजय बहादुर पाठक, डॉ. महेंद्र सिंह, अशोक कटारिया के फेर से मवका देले बिया। एकरा अलावे, प्रदेश

Share

भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष भूपेंद्र सिंह चौधरी।

भाजपा यूपी में होखे वाला विधान परिषद चुनाव खातिर प्रत्याशियन के घोषणा कs देले बिया।

पार्टी प्रदीप उपाध्यक्ष, विजय बहादुर पाठक, डॉ. महेंद्र सिंह, अशोक कटारिया के फेर से मवका देले बिया। एकरा अलावे, प्रदेश उपाध्यक्ष संतोष सिंह, डॉ धर्मेंद्र सिंह, मोहित बेनीवाल आ राम तीरथ सिंह के टिकट दिहल गइल बा।

विधान परिषद के एह चुनाव में विधान सभा के सदस्य वोट दी लो। पांच मई के कुल 13 सीट रिक्त होई, जवना खातिर चुनाव करावल जा रहल बा।

13 सीटन पs होखे वाला चुनाव में भारतीय जनता पार्टी 10 सीटन पs उम्मीदवार उतारी। एमे 9 सीट पs भाजपा के प्रत्याशी होई लो। एक सीट अपना दल एस के गठबंधन में दिहल जाई। अपना दल (एस ) के कार्यकारी राष्ट्रीय अध्यक्ष आशीष पटेल प्रत्याशी होइहें।

ओने, समाजवादी पार्टी आपन प्रत्याशी लगभग तय कs लेले बिया। पार्टी आपन प्रदेश अध्यक्ष नरेश उत्तम पटेल, पूर्व मंत्री बलराम यादव आ पूर्व विधायक शाह आलम उर्फ गुड्डू जमाली के विधान परिषद में भेजी। एह पs पार्टी में उच्चस्तर पs सहमति बन चुकल बा, खाली औपचारिक घोषणा भइल बाकी बा।

पांच मई के एह सदस्यन के पूरा हो रहल बा कार्यकाल

भाजपा के यशवंत, विजय बहादुर पाठक, विद्यासागर सोनकर, डॉ. सरोजनी अग्रवाल, अशोक कटारिया, अशोक धवन, बुक्कल नवाब, महेंद्र कुमार सिंह, निर्मला पासवान, मोहसिन रजा, अपना दल (एस ) के आशीष पटेल, बसपा के भीमराव आंबेडकर आ सपा के नरेश उत्तम पटेल के कार्यकाल पांच मई के समाप्त हो रहल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.